विद्यानिवास मिश्र
विद्यानिवास मिश्र | |
|---|---|
| जनम | विद्यानिवास मिश्र 28 जनवरी 1928 गोरखपुर, उत्तर प्रदेश, भारत |
| निधन | 14 फरवरी 2005 (उमिर 77) उत्तर प्रदेश, भारत |
| पेशा | कवी, पत्रकार आ लेखक |
| भाषा | संस्कृत, हिंदी, अंग्रेजी |
| राष्ट्रियता | भारतीय |
| शिक्षा | एम.ए. संस्कृत |
| प्रमुख सम्मान | पद्मभूषण पद्मश्री साहित्य अकादमी मूर्तिदेवी सम्मान |
विद्यानिवास मिश्र (28 जनवरी 1928 –14 फरवरी 2005) एगो भारतीय लेखक, कवी आ पत्रकार रहलें। मिश्र के जनम उत्तर प्रदेश राज्य के गोरखपुर जिला के पकड़डीहा नाँव के अस्थान पर भइल आ पढ़ाई गोरखपुर विश्वविद्यालय आ इलाहाबाद विश्वविद्यालय में भइल। प्रसिद्ध लेखक राहुल संकृत्यायन के साथे डिक्शनरी लेखक के काम कइलेन आ बाद में इनके ललित निबंधकार के रूप में परसिद्धी मिलल। एह कड़ी में कई गो निबंध खाली शब्द सभ के परिचय करावे खातिर लिखलें जे हिंदी की शब्द संपदा के नाँव से छपल ई किताब इनके कोशकार आ निबंधकार दुनों रूप के एक साथ देखावे ले।
मिश्र, कई ऊँच प्रदेश पर भी रहलें जेह में बनारस में काशी विद्यापीठ आ संपूर्णानंद संस्कृत विश्वविद्यालय के वाइस चांसलर, आगरा में हिंदी विद्यापीठ के डाइरेक्टर वगैरह के पद सामिल बा। कैलिफोर्निया में विजिटिंग प्रोफेसर रहलें। लंबा समय ले नवभारत टाइम्स के संपादक भी रहलें।
भारत सरकार द्वारा इनके पद्मश्री आ पद्मभूषण सम्मान दिहल गइल। साहित्य अकादमी सम्मान आ मूर्तिदेवी सम्मान भी इनके साहित्यिक काम के खातिर दिहल गइल।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई लेख एगो लेखक, कवि या नाटककार की बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |