विक्स.कॉम
Headquarters in Tel Aviv Port, Israel | |
| Company type | Public company |
|---|---|
| NASDAQ: WIX | |
| ISIN | IL0011301780 |
| Industry | Internet |
| Founded | 2006 |
| Founders | Avishai Abrahami Nadav Abrahami Giora Kaplan |
| Headquarters | Tel Aviv , Israel |
Area served | Worldwide |
Key people | Mark Tluszcz (Chairman) Avishai Abrahami (CEO) |
| Products | Online services for stores, bookings, hotel, restaurants, video, music, shoutout, answers, logo maker |
| Services | Website builder, Business Management, Web hosting service |
| Revenue | 203,540,000 अमरीकन डॉलर (2015) |
Number of employees | 5,929 (2024) |
| Website | www |
विक्स.कॉम लि. (उच्चारण: विक्स डॉट कॉम लिमिटेड; अंग्रेजी: Wix.com Ltd.) एगो इजराइली सॉफ्टवेयर कंपनी बा जे क्लाउड-आधारित वेब डेवेलपमेंट के सर्विस उपलब्ध करावे ला। ई अपना यूजर लोग के एचटीएमएल5 वेबसाइट आ मोबाइल साइट बनावे के सुबिधा देला आ एह सुबिधा सभ में सभसे आसानी के बात ई बाटे कि अइसन साइट बनावे खातिर इहाँ ड्रैग-एंड-ड्रॉप (घींची-आ-छोड़ीं) औजार मौजूद बाड़ें। एकरे हेडक्वार्टर आ औरी ऑफिस सभ जे इजराइल में बाड़ें, उनहन के अलावा ब्राजील, कनाडा, जर्मनी, भारत, आयरलैंड, लिथुआनिया, अमेरिका आ युक्रेन में एकर ऑफिस बाड़ें।
एह सुबिधा के इस्तेमाल करे वाला यूजर लोग अपना वेबसाइट सभ पर सोशल प्लगिन, ई-कामर्स, ऑनलाइन मार्केटिंग, कांटैक्ट फारम, ई-मेल मार्केटिंग आ कम्युनिटी फोरम नियर चीज जोड़ सकत बा। अइसन सुबिधा सभ खातिर खुद विक्स के डेवलप कइल आ बाहरी थर्ड-पार्टी सभ के डेवलप कइल एप्लीकेशन मौजूद बाड़ीं। विक्स के ई वेबसाइट बिल्डर खुद फ्रीमियम बिजनेस मॉडल पर बनल बाटे जे आपन कमाई प्रीमियम अपग्रेड सभ के जरिये करे ला; मतलब ई कि कुछ बेसिक सुबिधा फिरी में उपलब्ध करावे ला आ अउरी बेसी सुबिधा चाहे वाला यूजर लोग के प्रीमियम चीज उपलब्ध करा के उनहन लोग से पइसा कमाला।
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]| ई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |