विक्टर ह्यूगो

विकिपीडिया से
Victor Hugo
Hugo by Étienne Carjat, 1876
Hugo by Étienne Carjat, 1876
जनमVictor-Marie Hugo
(1802-02-26)26 फरवरी 1802
Besançon, France
निधन22 मई 1885(1885-05-22) (उमिर 83)
Paris, France
समाधीPanthéon, Paris and Coupvray
पेशाPoet, novelist, dramatist, essayist, politician
बिधाNovel, poetry, theatre
साहित्यिक आंदोलनRomanticism
प्रमुख रचना
सक्रियता साल1829–1883
जीवनसाथी
Adèle Foucher
(बि. 1822; नि. 1868)
संतान5

विक्टर-मारी ह्यूगो (अंग्रेजी: Victor-Marie Hugo; 26 फरवरी 1802 — 22 मई 1885) फ्रांसीसी कवी, उपन्यासकार, नाटककार रहलें। ह्यूगो रोमांटिक आंदोलन के दौर के लेखक रहलें आ अपना साठ साल से बेसी के रचनाकाल में बिबिध बिधा सभ में रचना कइलें। गीत, व्यंग, महाकाब्य, दार्शनिक कबितई, उपन्यास, आलोचनात्मक निबंध, राजनीतिक भाषण, इतिहास, डायरी, निजी आ पब्लिक चिट्ठी-पतरी, आ कबिता आ गद्य दुनों में नाटक नियर बिधा में इनके रचना भइल।

ह्यूगो के सभसे महान आ जानल-मानल फ्रेंच लेखक लोगन में गिनल जाला। फ्रांस से बहरें, इनके सभसे परसिद्ध रचना सभ में इनके उपन्यास लेस मिजेरेबल्स (1862) आ द हंचबैक ऑफ़ नोट्रे-डेम (1831) हवें। फ्रांस में इनका के इनकर कबिता के संग्रह खातिर बेसी जानल-मानल जाला जेह में लेस कांटेम्प्लेशंसला लिजेंदे देस सियेक्ल्स परसिद्ध बाड़ीं। ह्यूगो रोमांटिक आंदोलन के अगुआ लोगन में रहलें आ एह में उनके लिखल एकांकी क्रोमवेल आ नाटक हर्नानी प्रमुख बाड़ें। इनके कई गो रचना सब, इनके जिनगिये में आ इनके बादो, संगीत के प्रेरणा बनलीं। ह्यूगो 4,000 से बेसी ड्राइंग अपना जीवन में बनवलें जे एक तरह से इनके हॉबी रहल। कई किसिम के सामाजिक आंदोलन सभ में हिस्सा लिहलें, जइसे की मौत के सजा के बिरोध में।

हालाँकि, शुरुआत में ई रॉयलिस्ट (बिसेस राजशाही के समर्थक) रहलें बाकी बाद के दशक में इनके बिचार में बदलाव आइल आ ई रिपब्लिकनवाद के उत्साही समर्थक बनलें। इनके रचना सभ के परभाव ओ जमाना के अधिकतर राजनीतिक सामाजिक मुद्दा सभ पर पड़ल आ कला के क्षेत्र में ओह समय के चलनसार ट्रेंड सभ के इनकर रचना परभावित कइलीं।

संदर्भ[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]