विकिपीडिया वार्ता:रोक नीति

Page contents not supported in other languages.
विकिपीडिया से

लागू करे के प्रस्ताव आ चर्चा[संपादन करीं]

एह विकिपीडिया नीति के औपचारिक रूप से सभका सोझा चौपाल पर प्रस्तावित कइल जा रहल बा। एह नीति के प्रस्तावित मसौदा (ड्राफ्ट) में हेइजा सुधार आ बदलाव के सुझाव दिहल जा सके ला आ, प्रस्तावित चीजन पर सवाल पूछल जा सके लें आ कौनों बिंदु साफ न होखे तब ओकरा के समझावे के कहल जा सके ला। एकरा बाद चौपाल पर जहाँ ई प्रस्ताव रखल गइल बा, आपन मत ब्यक्त कइल जा सकत बाटे। --SM7--बातचीत-- 16:19, 11 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]

  • प्रयोगकर्ता:संजीव कुमार जी के टिप्पणी जे प्रतिबंध नीति के चर्चा पन्ना पर कइल गइल - हिन्दी विकिपीडिया पर मेरे अनुभव से मैंने देखा है कि कुछ सदस्य केवल संपादन संख्या बढ़ाने अथवा अनभिज्ञता में सम्पादन करते रहते हैं। उसमें उनका उद्देश्य किसी वेबसाइट अथवा किसी वस्तु अथवा स्वयं का प्रचार करना हो सकता है, उनका विकिपीडिया नियमावली की समझ नहीं होना हो सकता है या फिर जानबूझकर किया गया काम भी हो सकता है। प्रत्येक स्थिति में ऐसे खाते गुणकारी नहीं होते। हिन्दी विकिपीडिया पर पुनरीक्षकों की कमी के चलते उन्हें समय पर चेतावनी देना भी आसान नहीं हो पाता है जबकि भोजपुरी पर तो यह संख्या और भी कम है। अतः जब तक सक्रिय पुनरीक्षकों की संख्या 10 नहीं हो जाती तब तक ऐसे सदस्यों को ब्लॉक करना उचित रहेगा जिनके शुरूआती 100 सम्पादनों में आधे से ज्यादा निरर्थक अथवा केवल रिवर्ट अथवा पुनर्रावृत्ति वाले हैं। यदि किसी सदस्य को 100 सम्पादन करने के बाद भी किसी तरह की समझ विकसित करने में समस्या आ रही है तो वहाँ से भविष्य में हम एक अच्छा योगदानकर्ता पा सकते हैं, इसकी सम्भावना नगण्य होती है। क्या आप ऐसी कोई पंक्ति नियमावली में जोड़ सकते हो? के हिसाब से एह नीति में शुरुआती 100 संपादन में अधिकतर निरर्थक संपादन होखे पर ओह खाता पर रोक लगावे के प्राबिधान जोड़े खातिर। --SM7--बातचीत-- 16:18, 24 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]
    एह में रिवर्ट करे वाला लोगन के ऊपर रोक के बिधान करे पर ग्लोबल रोलबैकर वगैरह लोग भी एह नियम के दायरा में आ जाई। एकरा से बचे खातिर ई उपाय कइल जा सकत बा कि अइसन ग्लोबल समूह वगैरह वाला लोगन के चाहे SWMT के सदस्य लोगन के एह नियम के दायरा से बाहर रखल जाय। बाकी त ई प्वाइंट जोड़ल ठीके बुझात बाटे। एकरा के उचित जगह पर जोड़ के सूचित करत बानी। --SM7--बातचीत-- 16:21, 24 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]
    हाँ, ठीक है। यहाँ भी रखा जा सकता है। वैश्विक सदस्यों वाला दायरा भी उचित लग रहा है। ☆★संजीव कुमार (✉✉) 18:24, 24 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]
    @संजीव कुमार जी, एकरा के एह तरीका से जोड़ दिहल गइल बा। हालाँकि, ई बात वि:NOTHERE में लिखल बिबरन द्वारा पहिले से कभर हो रहल बाटे आ ओहिजा "जादे-से-जादा प्रयोगकर्ता अधिकार चाहे "अवार्ड" हासिल करे में रुची राखल (प्रयोगकर्ता अधिकार हासिल करे पर जरूरत से बेसी फोकस)" वाला खंड भी बाड़ें, इहाँ 100 संपादन वाला पैमाना आप के सुझाव अनुसार जोड़ दिहले से ई पहिले से बेहतर तरीका से साफ (गिनती में) हो जाई। --SM7--बातचीत-- 02:22, 27 मार्च 2023 (UTC)[जबाब देईं]