विकिपीडिया:रोक नीति

विकिपीडिया से

विकिपीडिया पर, रोक लगावल भा ब्लॉकिंग अइसन तरीका हवे जेवना से प्रबंधक लोग तकनीकी रूप से प्रयोगकर्ता लोग के विकिपीडिया के संपादन करे से रोके ला। रोक चाहे ब्लॉक सभ के प्रयोगकर्ता खाता सभ पर, आईपी पता सभ पर आ आईपी पता सभ के रेंज सभ पर, या त निश्चित भा अनिश्चित समय खातिर, लगावल जा सके ला, सगरी पन्ना सभ खातिर चाहे कौनों पन्ना-उपसमूह खातिर। रोक दिहल गइल प्रयोगकर्ता लोग विकिपीडिया पर पहुँच जारी रख सके ला, बाकी कौनों अइसन पन्ना के संपादन ना क सके ला जहाँ संपादन करे से ऊ लोग ब्लॉक होखे (जवना में, अगर उचित होखे, उनके खुद के प्रयोगकर्ता पन्ना भी सामिल हो सके ला)। ज्यादातर मामिला में पूर साइट पर लागू ब्लॉक द्वारा रोकल प्रयोगकर्ता लोग खाली आपन प्रयोगकर्ता वार्तालाप पन्ना के संपादित क सके ला।

ब्लॉक के इस्तेमाल विकिपीडिया के नोकसान भा बिघटन के रोके खातिर होला, प्रयोगकर्ता लोग के सजा देवे खातिर ना। केहूओ प्रयोगकर्ता बिघटन के रिपोर्ट क सके ला आ प्रबंधक लोग से बिघटनकारी खाता भा आईपी पता के ब्लॉक करे पर बिचार करे के कह सके ला।

प्रबंधक लोग कौनों प्रयोगकर्ता के तब अनब्लॉक क सके ला (रोक हटा सके ला) जब ओह लोग के लागे कि ब्लॉक बेवजह बा या अब उचित नइखे।

रोक भा ब्लॉकिंग प्रतिबंध भा बैनिंग से अलग होला जवन विकिपीडिया के पूरा भा कुछ हिस्सा पर संपादन के विशेषाधिकार के औपचारिक वापसी हवे। ब्लॉक कौनों प्रयोगकर्ता के पन्ना सभ के संपादन करे के क्षमता के अक्षम क देला; प्रतिबंध के काम ई ना होला। हालाँकि, ब्लॉक द्वारा प्रतिबंध लागू करावल जा सके ला; अइसन प्रयोगकर्ता जे पूर्ण प्रतिबंध के अधीन बाड़ें, या आंशिक प्रतिबंध के शर्त के उल्लंघन क रहल बाड़ें, सभसे ढेर संभावना बा कि प्रतिबंध लागू करे खातिर साइट-व्यापी ब्लॉक कइ दिहल जइहें।

ब्लॉक विकिपीडिया प्रोजेक्ट के नोकसान से बचावे के काम करेला, आ भविष्य के संभावित समस्या सभ के कम करेला। अगर समस्या दोबारा होखे त अवधि में ब्लॉक बढ़ावल जा सकेला। ई प्रतिशोध (बदला लेवे) के रूप में ना बलुक प्रोजेक्ट आ अउरी प्रयोगकर्ता लोग के बिघटन आ अनुचित आचरण से बचावे खातिर, आ भविष्य में अनुचित आचरण के कौनों भी संभावित दोहराव के रोके खातिर लगावल जालें। ब्लॉकिंग सभसे ताकतवर टूल सभ में से एक हवे जे प्रबंधक लोग के सौंपल जाला, जे लोग के हस्तक्षेप करे से पहिले परिस्थिति से परिचित होखे के चाहीं आ ई जरूरी होला कि ऊ लोग जवन भी ब्लॉक जारी करे ला ओकरा के जायज ठहरावे में सक्षम होखे।

आमतौर पर एक बेर जब कौनों मामिला "ठंडा" हो गइल होखे आ वर्तमान बिघटन के जोखिम साफ-साफ खतम हो गइल होखे तब, आमतौर पर पाछे के बीतल घटना सभ के देख के ओकरे आधार पर ब्लॉक लगा के ओह मामिला के दोबारा उपाटल उचित ना होला।

ब्लॉक के हटावे खातिर अपील कइल जा सकेला (देखीं: § अनब्लॉकिंग)। अनब्लॉक करे के निहोरा भा अनुरोध के फैसला भी रोकथाम आ निवारण के आलोक में कइल जाला। अगर प्रयोगकर्ता एह आपन बेहवार बदले खातिर सहमत होखे आ अइसन लउके कि ऊ एह मामिला से सीख लिहले होखे, या अगर स्थिति अस्थायी रहल आ अब खतम हो गइल होखे तब कौनों प्रयोगकर्ता के समय सीमा खतम होखे से पहिलहूँ अनब्लॉक कइल जा सके ला। एही तरे, जे प्रयोगकर्ता पहिले के अउरी दूसर अनब्लॉक के बाद अनुचित आचरण में वापस आ गइल होखे, बदलाव के महत्व आ आचरण के अस्वीकार्यता पर जोर देवे खातिर, निवारण के मकसद से ओकर अनब्लॉक अनुरोध ठुकरावल जा सके ला।

रोक लगावे के आम कारन[संपादन करीं]

रोक लगावे (ब्लॉक करे) खातिर कुछ सबसे आम तर्क आधारित कारन नीचे दिहल जा रहल बाड़ें।

आम नियम ई बाटे कि अगर संदेह के इस्थिति होखे त ब्लॉक मत करीं; एकरा बजाय सलाह खातिर अउरी प्रबंधक लोग से सलाह लीं। संभावित विवादित ब्लॉक कइला के बाद, साथी समीक्षा खातिर प्रबंधक नोटिसबोर्ड पर ब्लॉक के नोट कइल बढ़िया बिचार होखी।

नया प्रयोगकर्ता लोग से निपटे के समय प्रशासक लोग के खास सावधानी बरते के चाहीं। शुरुआती संपादक लोग अक्सर विकिपीडिया के नीति आ परंपरा से परिचित ना होला आ एही से इनहन लोगन के बेहवार सुरुआत में बिघटनकारी लउक सके ला। एह नया प्रयोगकर्ता लोग के बहुत कड़ाई से जवाब दिहला से ई लोग भबिस्य में संपादन करे से हतोत्साहित हो सके ला।

सुरक्षा[संपादन करीं]

विकिमीडिया फाउंडेशन, एकरे प्रयोगकर्ता, चाहे आम पब्लिक के अधिकार, प्रोपर्टी, चाहे सेफ्टी के सुरक्षा करे खातिर जरूरत होखे पर केहू प्रयोगकर्ता के ब्लॉक कइल जा सके ला। सुरक्षात्मक रोक निचे दिहल चीजन के रिस्पांस में जरूरी हो सके ला:

  • लगातार जारी चाहे गम्हीर ब्याक्तिगत हमला;
  • ब्यक्तिगत, प्रोफेशनल (पेशेवर), चाहे कानूनी धमकी (जेह में विकिपीडिया साइट से बाहरो के घटना सामिल बा);
  • अइसन एक्शन जेवना से प्रयोगकर्ता लोग के खतरा होखे
  • अइसन एक्शन जिनहन से बच्चा लोगन के सेफ्टी के ऊपर खतरा होखे, विकिपीडिया के बाल सुरक्षा अनुसार;
  • दुसरे लोगन के निजी जानकारी के खुलासा कइल, खुला रूप से जाहिर कइल (भले जानकारी सही होखे भा ना);
  • लगातार कॉपीराइट उलंघन;
  • जियत लोगन के बारे में लगातार बिना स्रोत संदर्भ के, कमजोर स्रोत-संदर्भ वाली, चाहे संभावित रूप से मानहानिकारी जानकारी जोड़ल;
  • अगर ई बुझाय की खाता कंप्रोमाइज भ गइल बा (इमरजेंसी उपाय), उदाहरन खातिर अगर ई बुझात होखे कि खाता केहू दुसरे द्वारा इस्तेमाल कइल जा रहल बा बजाय खाता बनावे वाला ब्यक्ति के;

निजी जानकारी के खुलासा के कारन ब्लॉक करे के बाद अइसन जानकारी हटा देवे भा लुकवावे (छिपा देवे) पर बिचार कइल जाए के चाहीं आ जरूरत अनुसार ओभरसाइट अधिकार वाला लोगन से एकरा खातिर संपर्क कइल जाए के चाहीं (एहिजे चाहे मेटा पर)।

बिघटनकारी बेहवार[संपादन करीं]

कौनों प्रयोगकर्ता पर रोक लगावल जा सके ला जब ओकर आचरण प्रोजेक्ट के बहुत बिघटन करे वाला होखे; मने कि जब ओकरे के आचरण बेहवार सिविल, कॉलेजियल माहौल से असंगत होखे आ संपादक लोग के मिलजुल के ज्ञानकोश बनावे के प्रक्रिया में बाधा डालत होखे। नीचे दिहल चीजन के जवाब में ब्लॉक जरूरी हो सकेला:

  • उतपात आ बर्बरता;
  • एकदम असक्रियता;
  • हरासमेंट;
  • स्पैमिंग;
  • जानबूझ के फिल्टर के ट्रिप कइल;
  • नीति आ दिसानिर्देश सभ के उलंघन कइल, बिसेस रूप से कठपुतरी चलावल;
  • विकिपीडिया प्रक्रिया से बाहर के कौनों किसिम के कार्रवाई के धमकी के जरिये संपादक लोग से जबरन कुछ करवावे के करे के कोसिस, चाहे ऊ ऑनसाइट होखे भा ऑफसाइट;

बिशुद्ध बिघटनकारी[संपादन करीं]

कुछ किसिम के प्रयोगकर्ता खाता सभ के बिघटनकारी मानल जाला आ इनहन के बिना कौनों चेतावनी दिहले ब्लॉक कइल जा सके ला, आमतौर पर अनिश्चितकाल खातिर:

  • खाली भर बिघटनकारिये मकसद से बनावल खाता, जइसे कि उत्पात खातिर बनावल।
  • अइसन खाता जे अपना संपादन इतिहास के आधार पर कौनों ब्यक्ति, कंपनी, उत्पाद, सेवा भा संगठन के प्रचार के एकलौता भा प्राथमिक मकसद से बनावल लउके लें।
  • अनुचित प्रयोगकर्ता नाँव वाला खाता।
  • पब्लिक खाता (जहाँ पासवर्ड पब्लिकली उपलब्ध होखे, चाहे बड़हन समुदाय के साथे साझा कइल गइल होखे)।
  • बॉट सभ जे बिना अनुमती के भा अपना अनुमती के दायरा से बाहर जा के काम कर रहल होखे, चाहे जे गड़बड़ बेहवार क रहल बुझात होखें।

खुला भा बेनाम प्रॉक्सी[संपादन करीं]

खुला भा बेनाम प्रॉक्सी सभ के देखते ब्लॉक कइल जा सके ला।

प्रतिबंध लागू करे खातिर[संपादन करीं]

विकिपीडिया पर प्रतिबंध (बैन) विकिपीडिया के पूरा भा कुछ हिस्सा पर संपादन के विशेषाधिकार के औपचारिक रूप से निरस्त कइल हवे। प्रतिबंध अस्थायी आ निश्चित अवधि के हो सके ला, या अनिश्चित आ संभावित रूप से स्थायी हो सके ला।

प्रतिबंध लागू करे खातिर तकनीकी उपाय के रूप में ब्लॉक लगावल जा सकेला।

"एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर ना होखल"[संपादन करीं]

ई बहुधा दिहल जाए वाला रोक के कारन विकिपीडिया:एहिजा एगो ज्ञानकोश निर्माण खातिर § साफ तौर पर, एहिजा ज्ञानकोश निर्माण खातिर ना होखल पर समुझावल गइल बाटे।

  • अइसन दसा में, जब प्रयोगकर्ता के सुरुआती 100 योगदान में से लगभग आधा चाहे आधा से बेसी योगदान निरर्थक, भा संपादन गिनती बढ़ावे खातिर कइल, चाहे प्रयोगकर्ता अधिकार हासिल करे भर खातिर कइल गइल संपादन बुझायँ (भले एह में उचित रिवर्ट/रोलबैक, चाहे टैगिंग चाहे मामूली सुधार सामिल होखें), प्रयोगकर्ता के बिना चेतावनी ब्लॉक कइल जा सके ला। हालाँकि, बैस्विक स्तर पर रोलबैकर चाहे ग्लोबल सिसऑप अधिकार प्राप्त लोगन के एह किसिम के संपादन पर एह कारण से रोक ना लगावल जाई।

रोक (ब्लॉक) लगावल[संपादन करीं]

प्राथमिकी: जानकारी दिहल आ चेतावल[संपादन करीं]

ब्लॉक लगावे से पहिले प्रयोगकर्ता लोग के विकिपीडिया नीति आ दिशानिर्देश सभ के बारे में जानकारी देवे के कोसिस कइल जाये के चाहीं, आ जब इनहन लोग के बेहवार एह नीति-निर्देस सभ से टकराव में होखे तब चेतावल जाय। नयका लोग के स्वागत करीं, ओह लोग के काटे मत दउरी आ मान लीं कि एह प्रोजेक्ट पर काम करे वाला अधिकतर लोग एकरा के मदद करे के कोशिश करत बा, ओकरा के नोकसान ना पहुँचावे के कोशिश करत बा। नयका लोग के हमनी के नीति आ दिशानिर्देशन के बारे में जाने के कोशिश करे के चाहीं जेहसे कि ऊ लोग गलती से बचे के तरीका सीख सके। सुविधा खातिर कई किसिम के टेम्पलेट संदेस मौजूद बाड़ें, हालाँकि, अक्सर मकसद बिसेस से, हाथ से लिखल संदेस सभ बेहतर बिकल्प हो सके लें। टेम्पलेट चेतावनी जे बतावे ला कि कौनों प्रयोगकर्ता के बिघटन भा अउरी अवरुद्ध करे लायक बेहवार खातिर ब्लॉक कइल जा सके ला, खाली प्रबंधक लोग द्वारा ना बलुक नियमित संपादक लोग द्वारा भी जारी कइल जा सके ला।

हालाँकि, रोक लगावे (ब्लॉक करे) खाती चेतावनी के कवनो शर्त नईखे। आमतौर पर प्रबंधक लोग के ई सुनिश्चित करे के चाहीं कि सद्भावना से काम करे वाला प्रयोगकर्ता लोग के नीति सभ के बारे में जानकारी होखे आ ब्लॉक करे से पहिले अपना व्यवहार के समायोजित करे के उचित मौका दिहल जाय आ ब्लॉक करे से पहिले अइसन प्रयोगकर्ता लोग से पहिले संवाद कइल खासतौर पर वांछनीय हो सके ला। दूसर ओर, बदमाशी से काम करे वाला प्रयोगकर्ता लोग, जिनहन के मुख्य भा एकलौता इस्तेमाल निषिद्ध गतिविधि (सॉकपपेटरी, उत्पात वगैरह) होखे, कौनों चेतावनी के जरूरत ना बाटे आ तुरंते ब्लॉक कइल जा सके ला।

ब्लॉक के स्पष्टीकरण दिहल[संपादन करीं]

ब्लॉकिंग एगो गंभीर मामिला ह। समुदाय ई उमेद करे ला कि ब्लॉक खाली भरपूर कारण होखले पर लगावल जाय, समीक्षा योग्य सबूत आ उचित बिबेक के आधार पर, आ अगर, कवनो अनुरोध कइल जाव, तब ब्लॉक लगावे के समर्थन करे वाला सगरी कारक सभ स्वतंत्र आ निष्पक्ष साथी समीक्षा (पियर रिव्यू) खाती उपलब्ध होखे के चाहीं।

ब्लॉक के सूचना दिहल[संपादन करीं]

प्रबंधक लोगन खातिर ई जरूरी बा कि ऊ लोग रोक लगावे (ब्लॉक करे) के कारन बतावे की कौनों प्रयोगकर्ता के ब्लॉक काहें कइल गइल। ब्लॉक के कारण में भारीभरकम शब्दावली के इस्तेमाल से बेसी से बेसी बचे के चाहीं जवना से कि ब्लॉक कइल प्रयोगकर्ता लोग एकरा के बेहतर तरीका से समझ सके। प्रबंधक लोग द्वारा प्रयोगकर्ता लोग के ब्लॉक करे के बाद उनुका प्रयोगकर्ता बातचीत पन्ना पर सनेसा छोड़ के सूचित करे के चाहीं। बाद में कारन बतावे के पड़े, एकरा ले नीक बा कि ब्लॉक करते समय तुरंत बाद कारन बता-समझा दिहल जाय।

ब्लॉक लगावत समय, कई गो प्रो-फॉर्मा ब्लॉक के कारण ड्रॉप-डाउन मेनू में उपलब्ध होलें; अन्य भा अतिरिक्त कारण भी जोड़ल जा सकेला। कई ठे सुविधाजनक टेम्पलेट संदेस सभ के इस्तेमाल से प्रयोगकर्ता लोग के ब्लॉक आ ब्लॉक कारण के सूचना दिहल जा सके ला-एकरा खाती श्रेणी:User block templates देखल जाय।

दूसर अउरी महत्व वाली जानकारी सभ[संपादन करीं]

अगर कौनों अउरी अइसन महत्व वाली जानकारी होखे, सुझाव सलाह होखे जे ब्लॉक के समीक्षा के घरी कामे आ सकत होखे, ब्लॉक करे वाला प्रबंधक द्वारा उपलब्ध करावे पर बिचार करे के चाहीं। उदाहरन खातिर:

  • अगर कौनों अइसन जानकारी भा सबूत होखे जे अपने आप स्वतः बुझाए वाला ना होखे, जेकरा के पूरा तरीका से आसानी से ना बूझल जा सकत होखे, चाहे कौनों अउरी संबंधित प्रासंगिक जानकारी होखे।
  • पहिले से एह बात के घोषणा कि अगर ब्लॉक हटावे के फैसला लेवे के होखे, दुसरे प्रबंधक द्वारा भा समुदाय द्वारा ब्लॉक लगावे वाला प्रबंधक से राय लिहल जरूरी ना बाटे।
  • ब्लॉक हटावे (अनब्लॉक करे) के शरत सुझावल।

गोपनीय जानकारी[संपादन करीं]

अगर कौनों अइसन जानकारी होखे जे सगरी साथी प्रबंधक लोगन के ना मालुम होखे आ सार्वजनिक रूप से बतावे लायक न होखे, अइसन जानकारी, समीक्षा के माँग होखले पर, साथी प्रबंधक लोग के मेल कइल जाए के चाहीं, भा अंतिम बिकल्प के रूप में, मेटा पर स्टीवर्ड लोगन के मेल कइल जाए के चाहीं।

ब्लॉक लगावल (इंप्लीमेंट कइल)[संपादन करीं]

ब्लॉक लगावे संबंधी टेक्निकल जानकारी मेटा पर Blocking users पर मौजूद बाटे।

आइपी पता पर रोक[संपादन करीं]

आइपी पता सभ के ब्लॉक करत घरी बिसेस धियान के जरूरत पड़े ला; काहें से कि एकरा चलते कई लोग परभावित हो सके ला आ आइपी पता बदल सके लें। इनहन पर बहुत लंबा समय के ब्लॉक ना लगावे के चाहीं आ अनिश्चितकाल वाला ब्लॉक कबो ना लगावे के चाहीं। अगर अनिश्चितकाल के ब्लॉक के जरूरत बुझाय तब मेटा पर स्टीवर्ड लोग से सलाह करे के चाहीं आ ओह लोग के निर्णय लेवे दिहल जाए के चाहीं।

कोलैटरल डैमेज[संपादन करीं]

आइपी के रेंज सभ के ब्लॉक करे से ओह रेंज में आवे वाला कई प्रयोगकर्ता परभावित हो सके लें। इनहन के सावधानी से लगावे के चाहीं।

  • संदेह के इस्थिति में प्रबंधक लोग मेटा पर स्टीवर्ड, चेकयूजर भा बैस्विक प्रबंधक लोग से मदद माँग सके ला।
  • आइपी रेंज से अगर कौनों रजिस्टर्ड प्रयोगकर्ता बाधित हो रहल होखे तब आइपीब्लॉकएक्जेम्प्ट के द्वारा ओकरा के संपादन करे के मोका दिहल जा सके ला।

रोक (ब्लॉक) के मकसद रोकथाम ह, सजा ना। एह तरीका से ब्लॉक सभ के अवधि के संबंध कौनों प्रयोगकर्ता के अनुचित व्यवहार दोहरावे के संभावना से होखे के चाहीं। बार-बार आ उच्च स्तर के बिघटन खातिर लंबा ब्लॉक प्रबंधकीय बोझ कम करे खातिर होला; ई एह धारणा के तहत सेट कइल जालें कि अइसन प्रयोगकर्ता लोग के द्वारा भविष्य में अक्सर बिघटन भा नुकसान पहुँचावे के आशंका बा। प्रबंधक लोग के नीचे दिहल बात पर विचार करे के चाहीं:

  • बेहवार के गंभीरता के बारे में धियान दिहल जाये के चाहीं;
  • देखल जाए के चाहीं कि का प्रयोगकर्ता पहिलहूँ अइसन बेहवार में शामिल रहल बा कि ना।

ब्लॉक के समय अवधि[संपादन करीं]

साझा भा डायनामिक आईपी पता सभ पर ब्लॉक आमतौर पर रजिस्टर्ड खाता सभ पर ब्लॉक भा अन्य रूप से समान परिस्थिति में बनावल गइल स्थिर आईपी पता सभ से छोट होला, ताकि ओह आईपी पता के साझा करे वाला अन्य प्रयोगकर्ता लोग पर दुष्प्रभाव के सीमित कइल जा सके।

जबकि कौनों ब्लॉक के अवधि परिस्थिति के हिसाब से अलग-अलग होखे के चाहीं, कुछ ब्यापक मानक बाड़ें:

  • बिघटनकारी व्यवहार के घटना सभ के परिणाम आमतौर पर एक दिन से ले के कुछ दिन ले के ब्लॉक होला, लगातार उल्लंघन खातिर लंबा समय ले;
  • बिसेस रूप से खाली भर बिघटने खातिर इस्तेमाल होखे वाला खाता सभ के बिना चेतावनी के अनिश्चितकाल खातिर ब्लॉक कइल जा सके ला;
  • सुरक्षात्मक ब्लॉक आमतौर पर तब ले चले लें जब ले सुरक्षा जरूरी होखे, अक्सरहा अनिश्चितकाल ले।

अनिश्चित काल खातिर रोक[संपादन करीं]

अनिश्चितकाल खातिर रोक (इंडेफिनिट ब्लॉक) अइसन ब्लॉक होला जेकर कौनों निश्चित (या फिक्स) समय अवधि ना होखे। आमतौर पर अनिश्चितकालीन ब्लॉक तब लगावल जाला जब कौनों खास बिघटन भा बिघटन के खतरा होखे, या नीति के बड़हन उल्लंघन होखे। अइसन मामिला में जबले बात के चर्चा से समाधान ना हो सके तबले अउरी समस्या के रोके खातिर खुला अंत वाला (अनिश्चित) ब्लॉक उचित हो सके ला। जइसे कि सगरी बाकी ब्लॉक होखे लें, ईहो कवनो सजा ना ह। एकरा के अउरी बिघटन के रोके खातिर बनावल गइल बा आ एकर वांछित परिणाम विकिपीडिया के नीति आ दिशानिर्देश सभ के पालन करे के प्रतिबद्धता बा, आ भविष्य में समस्याग्रस्त आचरण के रोके के प्रतिबद्धता बा।

अनिश्चित के मतलब "अनंत" भा "स्थाई" ना होला; एकर बस मतलब ई बा कि ब्लॉक खातिर कवनो ऑटोमैटिक एक्सपायरी टाइम (या अवधि) सेट नइखे कइल गइल। अनिश्चित काल खातिर ब्लॉक कइल गइल प्रयोगकर्ता के बाद में उचित परिस्थिति में अनब्लॉक कइल जा सके ला। खासतौर पर गंभीर मामिला सभ में जहाँ केहूओ प्रबंधक ब्लॉक हटावे के तइयार ना होखे, समुदाय द्वारा प्रयोगकर्ता पर प्रभावी रूप से प्रतिबंध लगावल मान लिहल जाला।

ब्लॉक सेट कइल[संपादन करीं]

ब्लॉक के लागू करे वाला सेटिंग खातिर प्रबंधक लोग द्वारा अंगरेजी विकिपीडिया पर देखल जा सके ला।

आम ब्लॉक सभ के किसिम के बारे में ओहिजे देखल जाय।

ब्लॉक के लॉग[संपादन करीं]

ब्लॉक के लॉग में ब्लॉक करत घरी दिहल गइल कारन दर्ज होला। अगर ब्लॉक समुदाय के कौनों निर्णय (जइसे की प्रतिबंध) के लागू करे के तहत लगावल जा रहल बा, अइसन निर्णय के कड़ी कारन में सामिल कइल जाये के चाहीं।

अउरी कौनो बिसेस कड़ी भा ब्याख्या जे ब्लॉक के कारन समझावे में मददगार होखे, लॉग में सामिल कइल जाये के चाहीं।

ब्लॉक हटावल[संपादन करीं]

रोक भा ब्लॉक के हटावल भा अवधि घटावल जा सके ला, अगर अपील कइल जाय आ अगर उचित होखे; एकरा के अनब्लॉक के प्रक्रिया कहल जाला। आमतौर प ब्लॉक करे वाला प्रबंधक के अलावा केहू दूसर प्रबंधक द्वारा ब्लॉक के समीक्षा कइल जा सके ला, अगर अइसन साथी प्रबंधक मौजूद आ सक्रिय होखें। अगर ब्लॉक करे वाला प्रबंधक के अलावे केहू दूसर साथी प्रबंधक न उपलब्ध होखे आ ब्लॉक करे वाला प्रबंधक द्वारा अपील के निरस्त क दिहल जाय तब्बो, एगो अंतिम मोका के रूप में, ब्लॉक प्रयोगकर्ता अपना ब्लॉक के समीक्षा करवावे खाती समुदाय के सोझा अपील के माँग क सके ला।

अनब्लॉक कइल स्वीकार जोग ना होखी[संपादन करीं]

  • अगर प्रबंधक लोग केहू साथी प्रबंधक के निर्णय बिना ओकरा साथे चर्चा के पलट दे आ प्रबंधकीय निर्णय के पलटे के दुश्चक्र शुरू होखे के शंका पैदा हो जाय।
  • आपन खुद के खाता के अनब्लॉक कइल, सिवाय ओह दसा के जब खुदे ब्लॉक लगावलो गइल होखे।
  • अगर ब्लॉक समुदाय के निर्णय द्वारा लगावल गइल होखे आ समुदाय के सोझा अपील में ब्लॉक हटावे के निर्णय न भइल होखे। समुदाय ब्लॉक लगावे के निरनय करत घरी आम प्रक्रिया द्वारा प्रबंधक द्वारा ब्लॉक के हटावे के समीक्षा के अनुमति दे सके ला, ओह दसा में ई चर्चा समापन के वक्तव्य में नोट कइल जाये के चाहीं।
  • चेकयूजर ब्लॉक भा ओभरसाइट ब्लॉक होखे आ अनब्लॉक करे वाला प्रबंधक खुद एह मंडली के हिस्सा न होखे।

प्रबंधक द्वारा अइसन अनब्लॉक के चलते ओकरे बेहवार के प्रबंधकीय औजार के दुष्प्रयोग मान के चलल जाई। भले अइसन पहिली बेर भइल होखे। एकरा चलते समुदाय अइसन अनब्लॉक करे वाला प्रबंधक के प्रबंधक अधिकार हटा लेवे पर बिचार क सके ला।

अनब्लॉक करे के अनुरोध केतना बेर कइल जा सके ला एकर कौनों सीमा नइखे निर्धारित कइल गइल। हालाँकि, अगर एह सुबिधा के इस्तेमाल बिघटनकारी रूप ले लेवे, प्रबंधक लोग वार्तालापो पन्नवा पर संपादन करे पर रोक लगा सकत बाटे (जे आमतौर प अपील करे खातिर खुला छोड़ल जाला)।

रोक हटावे के अनुरोध[संपादन करीं]

अनब्लॉक के प्रक्रिया के रूप में केहूओ संपादक चर्चा में सामिल हो सके ला। भरसक जे रोक में खुदे इन्वाल्व न होखे। ब्लॉक लगावे वाला प्रबंधक से सामिल होखे के कहल जा सके ला। एक बेर अनुरोध अगर ब्लॉक करे वाला प्रबंधक द्वारा निरस्त क दिहल गइल होखे आ प्रयोगकर्ता अंतिम बिकल्प के रूप में समुदाय के सोझा अपील कइल चाहत होखे, अइसन माँग करे पर ब्लॉक करे वाला प्रबंधक समुदाय खाती चौपाल पर सूचना छोड़ के ब्लॉक पर समुदाय के राय देवे के अनुरोध करे के चाहीं; एकरा बाद समुदाय के लोग ब्लॉक भइल प्रयोगकर्ता के वार्तालाप पन्ना पर आपन प्रश्न पूछ सके ला आ समीक्षा लिख सके ला; सहमती के आम विकि प्रक्रिया नियन इहो कौनो किसिम के वोटिंग भा मतदान ना हवे आ तार्किक प्रक्रिया द्वारा आम सहमती ले पहुँचे आ ब्लॉक भइल प्रयोगकर्ता के मोका उपलब्ध करावल हवे।

इहो धियान दिहल जाव कि आमतौर पर, परंपरा अनुसार, प्रबंधक लोग एकही ब्लॉक हटावे के अनुरोध के दोबारा समीक्षा ना करे ला।

अगर साफ़ तौर पर गलती से लागल ब्लॉक न होखे चाहे ब्लॉक के परिस्थिति में कौनों भारी बदलाव ना भ गइल होखे, केहू प्रबंधक द्वारा ब्लॉक लगावे वाला प्रबंधक से चर्चा के बिना ब्लॉक ना हटावे के चाहीं। अगर ब्लॉक लगावे वाला प्रबंधक उपलब्ध न होखे चाहे अगर ब्लॉक हटावे पर प्रबंधक लोग में सहमती ना होखे प्रबंधक सूचनापट पर चर्चा कइल जाये के चाहीं आ समुदाय के राय लिहल जा सके ला। हालाँकि, अगर ब्लॉक के कारन में कौनों अइसन जानकारी इन्वाल्व होखे जेकरा ले खाली भर प्रबंधक लोग के पहुँच होखे, अइसन जानकारी आम जाहिर करे से परहेज कइल जाये के चाहीं।

ब्लॉक के समीक्षा करे वाला प्रबंधक के धियान में रखे के चाहीं की ब्लॉक के बारे में सगरी इतिहासी जानकारी एकदम से तुरंते सोझा मौजूद होखे अइसन नाहियों हो सके ला। अगर जानकारी के अभाव में अनब्लॉक समस्याकारी होखे के गुंजाइश होखे, ब्लॉक करे वाला प्रबंधक द्वारा ब्लॉक के सूचना में दसा बिसेस के जानकारी दिहल जाये पर बिचार करे के चाहीं जवन की समीक्षा करे वाला प्रबंधक के धियान में राखल जरूरी होखे। समीक्षा करे वाला प्रबंधक के बिना मामिला के पूरा तरीका से समझले, अनब्लॉक ना करे के चाहीं।

ब्लॉक समीक्षा में केहूओ संपादक तार्किक आ विवेकसम्मत टिप्पणी क सकत बाटे, हालाँकि, चर्चा के समापन आ निर्णय (अनब्लॉक अनुरोध निरस्त करे भा स्वीकार करे) प्रबंधक लोग द्वारा लिहल जाई।

शर्त के साथ रोक हटावल[संपादन करीं]

प्रबंधक लोग, रोकल गइल प्रयोगकर्ता के साथे सहमती अनुसार, अनब्लॉक करे खातिर कुछ शर्त लगा सके ला। इनहन के मकसद ओह बेहवार के दुबारा होखे से रोकल हवे जेकरा चलते ब्लॉक लगावल गइल होखे। अइसन शर्त के मान के अनब्लॉक होखे के बाद ओह शर्त के दुबारा उलंघन कइले पर बिना कौनों चेतावनी के फिर से ब्लॉक लगावल जा सके ला।

  • अगर रोकल गइल प्रयोगकर्ता प्रस्तावित अनब्लॉक शर्त के साथे सहमत न हो पावे, दूसर अनब्लॉक अनुरोध क सके ला।
  • रोख हटावे के शर्त के रूप में पन्ना प्रतिबंध, टॉपिक प्रतिबंध, भा आपसदारी में इंटरैक्शन प्रतिबंध शामिल हो सके लें, रिवर्ट करे पर प्रतिबंध भा अउरी कौनों किसिम के प्रतिबंध (सैंक्शन) सामिल हो सके ला जे अनब्लॉक करे वाला प्रबंधक बिबेकसम्मत बूझे।
  • रोक हटावे के शर्त के स्वीकार करे के बाद प्रयोगकर्ता ओह शर्त सभ के बदले खाती अनब्लॉक करे वाला प्रबंधक से भा प्रबंधक सूचनापट पर अनुरोध क सके ला।
  • अइसन शर्त सभ के साफ तौर पर प्रयोगकर्ता के वार्तालाप पन्ना पर लिखल जाई जब ओकरा के अनब्लॉक कइल जाई आ अंतर/पर्मालिंक के अनब्लॉक कारण में दर्ज कइल जा सके ला।