विकिपीडिया:AutoWikiBrowser/CheckPage
![]() | This page is currently protected from editing. See the protection policy and protection log for more details. Please discuss any changes on the talk page; you may submit an edit request to ask an administrator to make an edit if it is uncontroversial or supported by consensus. You may also request that this page be unprotected. |




ई लिस्ट भोजपुरी विकिपीडिया खातिर बाटे।
गाइड
ई लिस्ट खाली भोजपुरी विकिपीडिया खातिर बाटे। कौनों जरूरी नइखे कि हर भाषा के विकिपीडिया पर अनुमति लेवल जरूरी होखे। एक बेर एह गाइड के पढ़ लिहले के बाद,अगर आप एह सॉफ्टवेयर के इस्तेमाल कइल चाहत होखीं त, अनुमति अनुरोध पन्ना पर सभसे नीचे आपन अनुरोध लिखीं। केहू भी प्रबंधक एह अनुमति के स्वीकार कर सकेला आ एकरा बाद राउर सदस्यनाँव लिस्ट में जोड़ दिहल जाई।
इस्तेमाल
धियान दीं, सॉफ्टवेयर के इस्तेमाल से पहिले, ई जरूर सुनिश्चित कर लीं कि आपके विकिपीडिया के नीति/निर्देश (पॉलिसी/गाइडलाइन), खास तौर पर बॉट नीति वगैरह के ठीक से समझ होखे आ नीचे दिहल नियम सभ के पालन सुनिश्चित कर सकत होखीं:
- संपादन सहेजे से पहिले हर एक संपादन के जाँच करीं
- बहुत तेजी से संपादन मत करीं; अगर आ रेगुलर रूप में एह सुबिधा से प्रति मिनट कई गो संपादन करल चाहत होखीं तब बॉट खाता खोले पर बिचार करीं।
- एह सुबिधा के इस्तेमाल से कौनों बिबाद वाला संपादन मत करीं।
- गैर-महत्वपूर्ण बहुत छोट बदलाव एह सुबिधा द्वारा मत करीं, जईसे कि खाली:
- वाइट्स्पेस हटावल
- आधार टैग या श्रेणी के पन्ना पर नीचे-ऊपर व्यवस्थित कइल, वगैरह।
- सगरी विकिपीडिया नीति, गाइडलाइन आ परंपरा सभ के पालन जरूर करीं।
- खाली भर आपन संपादन संख्या बढ़ावे खातिर संपादन मत करीं।
ऊपर लिख नियम सभ के बेर-बेर उल्लंघन कइले पर, बिना कौनों चेतावनी के, आपके नाँव एह लिस्ट से हटा के आपके खातिर एह सॉफ्टवेयर के डिसएबल (अक्षम) कर दिहल जाई।
अनुमति खातिर अनुरोध
एह सॉफ्टवेयर के निर्माण अनुभवी सदस्य लोग खातिर कइल गइल बाटे जवना से कि ऊ लोग तेजी से कौनों अइसन संपादन कर सके जे कई पन्ना सभ पर बेर-बेर करे के होखे। अगर आपके एह सॉफ्टवेयर के कौनों खास जरूरत न होखे तब एकरे खातिर अनुरोध मत करीं। धन्यवाद!
कुछ बिसेस दसा के छोड़ के, अइसन सदस्य जेकर मुख्य नाँवस्थान में २५० से कम या ५०० से कम कुल संपादन संख्या होखे, ओह लोग के एह लिस्ट में ना शामिल कइल जाई। अगर आप एह पैमाना पर न उतरत होखीं आ एह सुबिधा के उपयोग कइल चाहत होखीं तब अनुरोध करत समय सटीक कारण बताईं कि काहे खातिर आपके ई सुबिधा चाहीं। अगर आपके मुख्य खाता एह पैमाना पर सही होखे आ आप एगो दूसर खाता से बॉट चलावे खातिर ई सुबिधा चाहत होखीं तन पहिले एगो बॉट खाता खोलीं आ अपना मेन खाता से एकरे खातिर अनुरोध करीं आ {{subst:REVISIONUSER}} में जवना खाता खातिर ई सुबिधा चाहत बानी ओकर नाँव लिखीं।
सुरक्षा कारण के चलते, अइसन प्रयोगकर्ता लोग जे इतिहास में उत्पात कइले होखे, या कौनों प्रकार के हानिकारक संपादन खातिर ब्लॉक कइल गइल होखे, अइसन लोग के ई सुबिधा इस्तेमाल करे के अनुमति ना दिहल जाई। केहू प्रयोगकर्ता के उतपात करे पर ओकर नाँव एह लिस्ट से हटा भी दिहल जाई।
अगर बॉट द्वारा चलावे के अनुमति चाहत होखीं तब पहिले विकिपीडिया:बॉट/अनुमोदन खातिर अनुरोध पन्ना पर बॉट के अनुमति ले लीं।
एह पन्ना पर आपके नाँव जोड़े की बाद कौनों जरूरी नइखे कि आपके सूचित भी कइल जाय। अनुरोध करे के बाद, एह पन्ना पर नजर राखीं। अनुरोध के पास होखले आ राउर नाँव इहाँ जुड़ जाए का बाद आप अपना निजी सदस्य पन्ना पर [[श्रेणी:विकिपीडियन जे ऑटोविकिब्राउजर इस्तेमाल करत बा|{{PAGENAME}}]] जोड़ सकत बानी। बहुत समय तक सक्रिय न रहे वाला सदस्य लोग के नाँव इहाँ से हटावल भी जा सकत बाटे।
अगर आप प्रबंधक बानी तब आपके ऑटोमेटिक अनुमति बाटे। इहाँ लिस्ट में नाँव जोड़े के जरूरत नइखे। हालाँकि, AWB नियम २ ("अगर आप प्रति मिनट कई गो संपादन करत होखीं तब बॉट से ई काम करे पर बिचार करीं") के जरूर धियान में राखीं।
अनुमति जाँच पन्ना
जवन नाँव बॉट हेडिंग के नीचे लिखल बाड़ें ऊ ऑटोविकिब्राउजर के ऑटो मोड के प्रयोग कर सकत बाड़ें। हालाँकि, सगरी अइसन बॉट सभ जे एह लिस्ट में बॉट हेडिंग के नीचे बाने, कौनों जरूरी नइखे कि ऑटो मोड के प्रयोग करतो होखें। अन्य भाषा के विकिपीडिया पर चेकपन्ना स्थापित करे खातिर देखल जाय:en:Wikipedia:AutoWikiBrowser/CheckPage format
लिस्ट के फॉरमेट मत बदलीं। ऑटोविकिब्राउजर बुलेट लागल लिस्ट में नाँव खोजे ला आ एही से ई * <username>
के प्रारूप में रखल जाला
अनुमति अनुसार AWB के इस्तेमाल कर सके वाला सदस्य
बॉट
- SM7Bot
नॉर्मल प्रयोगकर्ता
- हिंदुस्थान वासी