विकिपीडिया:विकिप्रोजेक्ट

विकिपीडिया से

एगो विकिप्रोजेक्ट एक तरह के मंडली होला जहाँ विकिपीडिया पर योगदान करे वाला सदस्य लोग मिल के एगो टीम के रूप में काम करे ला आ विकिपीडिया के गुणवत्ता में सुधार करे ला। अइसन मंडली सभ अक्सरहा, कौनों एगो बिसय पर काम करे ला, जइसे के बिज्ञान से संबंधित लेख, या फिर कौनों भूगोलीय लोकेशन बीछ के ओह से जुडल लेख सुधारे ला, या फिर विकिपीडिया के आम रखरखाव काम में से कुछ के बीछ के आपन योगदान करे ला।

भोजपुरी विकिपीडिया पर सगरी चालू विकिप्रोजेक्ट के लिस्ट एकरे डायरेक्टरी में देखल जा सकत बाटे।

कौनों विकिप्रोजेक्ट आपन नया नियम नीति न बनावे ला आ विकिपीडिया के मूल नीति नियम के उल्लंघन ना करे ला। कौनों बिसेस लगाव भा राय या बिचारधारा से परभावित हो के लेखवन में अइसन बात लिखल जे विकिपीडिया के तटस्थता नीति के खिलाफ़ होखे, विकिप्रोजेक्ट के काम ना हवे आ अइसन ना करे के चाहीं।


प्रोजेक्ट खोजल[संपादन करीं]

विकिप्रोजेक्ट सभ पर नया सदस्य लोग के हमेशा स्वागत बाटे आ लोग के एकरा खातिर उत्साहित कइल जाला कि अपना पसंद के विकिप्रोजेक्ट से जुड़े। आप भी एकदम फिरी हो के कौनों विकिप्रोजेक्ट, भा अपने पसंद के सगरी विकिप्रोजेक्ट सभ से जुड़ीं !

एगो विकिप्रोजेक्ट चालू कइल आ मैनेज कइल[संपादन करीं]

मूल रूप से नया विकिप्रोजेक्ट बनावे के मतलब बाटे अइसन लोग के मंडली बनावल जे एक साथ मिल के कौनों बिसय पर काम कइल चाहत होखे।

नया विकिप्रोजेक्ट शुरू करे से पहिले, विकिप्रोजेक्ट के रूपरेखा आ ब्यवस्था पढ़ लीं, साथे-साथ पहिले से मौजूद विकिप्रोजेक्ट के इस्तेमाल करीं आ धियान से अध्ययन करीं की वास्तव में प्रैक्टिकल तरीका का बाटे जेवना के तहत ई विकिप्रोजेक्ट काम करत बाड़ें। एकरे बाद आप विकिप्रोजेक्ट प्रस्ताव पन्ना पर आपन प्रस्ताव रखीं आ विकिप्रोजेक्ट के शुरू करे के कारन आ जुड़े वाला सदस्य लोग के बारे में बताईं। आमतौर पर अगर कई सदस्य लोग कौनों विकिप्रोजेक्ट शुरू कइल चाहत बा आ एकरे महत्व के बारे में आश्वस्त बाटे, विकिप्रोजेक्ट शुरू कर सकत बाटे आ प्रस्ताव रखल कौनों जरूरी चीज नइखे। हालाँकि, प्रस्ताव रखे से कई चीज के सुबिधा हो जाला, लोग के सुझाव मिले ला आ प्रोजेक्ट अगर बनावे के फैसला हो जाय तब एकरे निर्माण में आपसी सहजोग से जल्दी से काम हो जाला, एकरा खातिर सदस्य जोड़े में आसानी हो जाला।

अन्य जानकारी[संपादन करीं]

अउरी जानकारी खातिर, या अगर आपके मन कुछ सवाल होखे, देखल जाय विकिप्रोजेक्ट काउंसिल

इहो देखल जाय[संपादन करीं]