विकिपीडिया:मशीनी अनुबाद नीति

विकिपीडिया से

विकिपीडिया पर मशीनी अनुबाद (machine translation) से लेख बनावे में मदद मिल सके ला। हालाँकि, बिना पर्याप्त मैनुअल सुधार के मशीनी अनुबाद विकिपीडिया के क्वालिटी के खराब तरीका से परभावित क सके ला। ई नीति अइसने बुरा परभाव सभ के रोकथाम करे खातिर हवे।

मशीनी अनुबाद जोड़े पर इहाँ कड़ाई से एह नीति के लागू कइल जाला आ एकर उलंघन बिघटनकारी मानल जा सके ला। चेतावे के बादो खराब मशीनी अनुबाद जोड़ल जारी रखे पर रोक (ब्लॉक) लगावल जा सके ला।

अनुवाद गंभीर काम हवे आ एह में मेहनत से काम करे के पड़ेला। हालाँकि, मशीनी अनुवाद से एह मेहनत के कुछ हद ले कम कइल जा सकत बाटे, मशीन अनुवाद से लगभग हमेशा बहुते कम गुणवत्ता वाला परिणाम मिलेला। मशीन अनुवाद में कई कारण से अलग-अलग शब्द भा अभिव्यक्ति सभ के साथ दिक्कत हो सके ला। एकदम से शब्दानुवाद, स्लैंग (कठबोली), मुहावरा के अभिव्यक्ति, समास वाला शब्द, कई अर्थ वाला शब्द, कुछ बिसेस ज्ञानक्षेत्र में बिसेस अर्थ वाला शब्द जे आम अरथ से अलग होखे लें, प्रॉपर नाँव सभ के बेवजह अनुवाद, आ अउरी कई कारण शामिल बाड़ें जिनहन के चलते मशीनी अनुबाद भरोसा लायक ना होला। अइसन अनुबाद पढ़े लायक ना होला, बूझे में अटपट महसूस हो सके ला, आ कबो-कबो एकदम गलत मतलब निकल सके ला।

अंगरेजी विकिपीडिया पर आम सहमती से मशीनी अनुबाद से बचे के सलाह दिहल गइल बाटे (देखीं: WP:MACHINETRANSLATION) जहाँ साफ़-साफ़ लिखल गइल बा कि "...an unedited machine translation, left as a Wikipedia article, is worse than nothing" (माने की, विकिपीडिया लेख के रूप में, बिना संपादित मशीनी अनुबाद भर क के छोड़ दिहल, से खराब बात अउरी कुछुओ नइखे चाहे अइसन अनुबाद राखल, कुछ न राखे से भी खराब बा।) लेख में मशीनी अनुबाद चपका दिहले से वास्तव में कुछ ना हासिल होला। अगर मशीनिये अनुबाद पढ़े के होखी त पाठक लोग मूल भाषा वाला लेख के मशीनी अनुबाद अपना ब्राउजरे में पढ़ ली।

हालाँकि, एहिजे भोजपुरी विकिपीडिया मशीनी अनुबाद (उदाहरण खातिर कंटेंट ट्रांसलेशन औजार में एकर इस्तेमाल) पर रोक ना बाटे, एहूजा अइसन अनुबाद से लेख बनावे भा लेख में सामग्री जोड़े से बचे के सलाह दिहल जाला।

प्राबिधान[संपादन करीं]

मशीनी अनुबाद के बाद का कइल जाय[संपादन करीं]

  • तुरंते बाद मैनुअल संपादन क के अनुबाद के गलती सभ के खोज के सुधारल जाय
  • धियान से जाँच कइल जाय कि कौनों किसिम के गलत अरथ न निकल रहल होखे
  • भाषा के जहाँ तक हो सके, प्राकृतिक भाषा में बदलल जाय जवना से की बात अटपट भा अबूझ आ भ्रामक ना रहि जाय
  • जरूरत पड़े पर वाक्यन के शब्दानुवाद के जगह पूरा-पूरा भावानुवाद से बदलल जाय

का ना कइल जाय[संपादन करीं]

  • बिना मैनुअल संपादन से सुधार कइले लेख में मशीनी अनुबादित सामग्री छोड़ दिहल
  • अनुबाद के सुधार के बाद उचित तरीका से फारमेटिंग आ अउरी साज-सज्जा के बिना छोड़ दिहल
  • कंटेंट अनुबाद औजार खुद अइसन लेखवन में श्रेणी:Pages with unreviewed translations जोड़े ला - एकरा के खुद हटा दिहल

मशीनी अनुबाद मिले पर[संपादन करीं]

अगर आपके केहू दुसरे प्रयोगकर्ता के बनावल मशीनी अनुबाद वाला लेख भा मशीनी अनुबाद से जोड़ल सामग्री देखलाई दे, नीचे दिहल काम क सकत बानी:

  • अनुबाद के गुणवत्ता के जाँच करीं आ सुधार लायक समस्या देखलाई पड़ें तब लेख भा खंड के {{Cleanup translation}} चाहे {{Rough translation}} से टैग करीं
  • अगर मामूली सुधार से ठीक हो जाए वाला समस्या होखे तब खुदे सुधारे पर भी बिचार क सकत बानी
  • जदि बेसी खराब अनुबाद होखे तब {{Bad translation}} से टैग करीं (एकरा बाद लेख बनावे वाला के भा सामग्री जोड़े वाला के सूचना दिहल जा सके ला); एह टैग के लगावे के एक महीना के भीतर सुधार पूरा ना होखे पर लेख के हटावे खातिर नामांकित कइल जा सके ला।
  • लगातार, अंधाधुंध तरीका से केहू अइसन लेख बना रहल होखे चाहे सामग्री जोड़ रहल होखे तब प्रयोगकर्ता के बातचीत पन्ना पर चेताईं आ एह नीति के हवाला दे के बेह्वार में सुधार करे के आगरह करीं
  • लगातार एह नीति के उलंघन जारी रहे पर प्रबंधक सूचनापट पर रिपोट करीं। जरूरत अनुसार प्रबंधक के पिंग कइल जा सकत बा।

टैग हटावल[संपादन करीं]

अगर आपके अइसन लेख मिले जेकरा के अनुबाद के बाद सुधार खातिर टैग कइल गइल होखे, आप (केहूओ भोजपुरी के मूल भाषी संपादक) एकर समीक्षा क सकत बाटे आ सुधार से संतुष्ट होखे पर टैग के हटा सकत बा। हालाँकि, ई काम जिम्मेदारी आ गंभीरता के साथ कइल जाए के चाहीं। लापरवाही से जाँच क के अइसन टैग हटावल भी बिघटने वाला संपादन मानल जा सके ला।

अइसने काम श्रेणी:Pages with unreviewed translations के हटावे खातिर कइल जाय। साथी संपादक लोग चाहे केहू प्रबंधक लेख के समीक्षा के बाद ई श्रेणी हटा सके ला। प्रबंधक लोग खुद के बनावल लेख सभ में से एकरा के हटा सके ला अगर मैनुअल सुधार पूरा भ गइल होखे।