विकिपीडिया:परमीशन अनुरोध/हेडर

विकिपीडिया से
परमीशन खातिर अनुरोध
ई पन्ना भोजपुरी विकिपीडिया पर प्रबंधक लोग लोग द्वारा दिहल जा सके वाला परमीशन हैंडिल करे खातिर आ कुछ अउरी बिसेस अधिकार सभ खातिर अनुरोध करे बदे मौजूद पन्ना सभ के कड़ी देवे खातिर बनावल गइल बा। भोजपुरी विकिपीडिया पर प्रबंधक लोग - ऑटोविकिब्राउजर के इस्तेमाल, आ आइपी ब्लॉक मुक्त होखे खातिर परमीशन दे सके ला।
अनुरोध करे के इच्छुक प्रयोगकर्ता लोग नीचे बतावल तरीका से आपन अनुरोध संबंधित पन्ना पर लिख सकत बा। अनुरोध करे के बाद ओह पन्ना पर समय-समय पर जा के देख सकत बा कि अनुरोध पूरा भइल कि ना। अनुरोध करे के बाद धीरज राखीं आ एकरा तुरंते पूरा होखे के उमेद मत करीं, एह में समय लाग सके ला। राउर खाता लगे कवन-कवन परमीशन मौजूद बा ई देखे खातिर आपन सेटिंग में जाईं जहाँ, "मंडली के सदस्य" नाँव के टैब के आगे ई जानकारी लिखल मिल जाई।
आइपी-रोक छूट
IP-Block exempt
ऑटोविकिब्राउजर
AutoWikiBrouser
प्रबंधक
Administrator
ट्रांसविकि आयातक
Transwiki Importer
रोलबैकर
Rollbacker
बॉट
Bot


इहँवे मिल जाए वाली[संपादन करीं]

प्रयोगकर्ता मंडली[संपादन करीं]

  • आइपी ब्लॉक मुक्त": उत्पात से बचाव करे खातिर कई बेर कौनों आइपी भा आइपी रेंज के ब्लॉक क दिहल जाला। एकरा से अइसन सदस्य के भी संपादन करे में रुकावट हो सके ला जेकर आइपी एह रेंज में आवत होखे, जबकि ऊ सदस्य के उत्पात से कुछ न लेवे-देवे के होखे। अइसन दसा में सदस्य अपना के आइपी रुकावट से छूट पावे खातिर ई अनुरोध क सके ला।
  • ऑटोविकिब्राउजर: ऑटोविकिब्राउजर एगो सेमी-ऑटोमेटिक औजार हवे जेकरा इस्तेमाल से बेर-बेर एकही नियर कइल जाए वाला संपादन सभ, मने कि दोहराव वाला संपादन जवन कई गो पन्ना पर करे के होखे, के सुबिधान से कइल जा सके ला। ई एक तरह के ब्राउजर हवे जे पन्ना सभ के लिस्ट बना के दे दिहला पर, एगो पन्ना में संपादन क के सहेजे (प्रकाशित करे) के बाद लिस्ट में से दुसरका पन्ना अपने आप लोड क के संपादन खातिर खोल देला। एकरा खातिर अनुरोध करे से पहिले एकर पन्ना पढ़ीं। 100 से कम संपादन संख्या वाला सदस्य लोग के ई परमीशन मिले, ई बहुत मुश्किल बा। पहिले एकरा खातिर आप लायक बानी ई साबित करे के पड़ी।

दुसरा जगह से मिले वाला[संपादन करीं]

कुछ अधिकार आ परमीशन इहाँ भोजपुरी विकिपीडिया पर लागू बाने बाकी उनहन के देवे के अधिकार इहाँ के प्रबंधक लोग के नइखे:

  • प्रबंधक: प्रबंधक अधिकार खातिर अनुरोध प्रबंधकी खातिर अनुरोध पन्ना पर कइल जाला। अनुरोध करे वाला अगर विकिपीडियन समाज के बिस्वास हासिल करे में कामयाब हो जाला तब केहू प्रबंधक ई अनुरोध मेटा विकि पर ले जाला जहाँ से ई अधिकार मिले ला।
  • रोलबैकरट्रांसविकि आयातक खातिर अनुरोध ऊपर टैब में देखावल इनहन के पन्ना पर होखी आ प्रबंधक ओकर समीक्षा/मूल्यांकन क के मेटा पर अनुरोध राखी लोग, मेटा से परमीशन मिले पर ओही अनुरोध पन्ना पर सूचित करी।
  • बॉट खातिर अनुरोध ऊपर टैब में देखावल पन्ना पर होखी आ प्रबंधक ओकर समीक्षा/मूल्यांकन क के मेटा पर अनुरोध राखी लोग, मेटा से परमीशन मिले पर ओही अनुरोध पन्ना पर सूचित करी।

परमीशन खतम कइल[संपादन करीं]

अगर आप अपना के मिलल कवनो परमीशन के हटवावल चाहत बानी, एकरा खातिर प्रबंधक सूचनापट पर अनुरोध क सकत बानी। जवन परमीशन मेटा विकि से मिले ला ओकरा के हटवावे खातिर सीधे ओहिजे भी अनुरोध कइल जा सके ला, हालाँकि उहाँ अनुरोध करे से पहिले भोजपुरी विकिपीडिया के समाज के सचेत क दिहल ठीक रही। अइसन सूचना आप प्रबंधक सूचनापट पर दे सकत बानी कि आप मेटा पर आपन परमीशन हटावे खातिर लिखे जा रहल बानी।

अगर आप आपन प्रबंधकी के जिम्मेदारी हटवावल चाहत बानी, समाज के चौपाल पर सनेसा लिख के सभके बता दीं आ एकरे बाद मेटा पर एकरा खातिर संपर्क करीं।

ई दुसरा केहू सदस्य (प्रयोगकर्ता) के परमीशन हटवावे खातिर उचित जगह ना हवे। अगर आपके बुझाता कि केहू आपने परमीशन के अइसन इस्तेमाल क रहल बा जे गलत बा आ हटावल जाए के चाहीं, आप प्रबंधक सूचनापट पर आपन मुद्दा तर्क सहित लिखीं, आगे के कारवाई प्रबंधक लोग करी।

नोट: मेटा से मिले वाला अधिकार सभ के हटवावे खातिर Steward requests/permissions पर अनुरोध करे के होला।

अनुरोध करे वाला लोग खातिर[संपादन करीं]

नीचे बनल टैब सभ पर क्लिक क के संबंधित पन्ना पर जाईं आ उहाँ बतावल तरीका से फारम भर के आपन अनुरोध करीं।

परमीशन खातिर अनुरोध पर केहू भी संपादक प्रयोगकर्ता (यूजर) आपन कमेंट लिख सकत बा।

प्रबंधक[संपादन करीं]

प्रबंधक लोग ऑटोविकिब्राउजर आ आइपी ब्लॉक मुक्त खातिर परमीशन दे सकत बा अगर अनुरोध करे वाला प्रयोगकर्ता ओह काम खातिर बतावल पैमाना पर सही उतरे। परमीशन देवे से पहिले प्रबंधक लोग अनुरोध करे वाला प्रयोगकर्ता (सदस्य) के संपादन के लॉग देख के निश्चित क ली तबे परमीशन देई, या अगर मेटा पर ले जाए के होखे, निश्चित समय बितले या चर्चा के खतम हो जाए के बाद (जइसन उचित बुझाय) चर्चा के अनुसार परमीशन दियावे खातिर मेटा पर अनुरोध करी।

प्रबंधक {{done}} या {{not done}} लिख के अनुरोध पर आपन निर्णय बताई आ अनुरोध के या चर्चा के खतम घोषित करी।