विकिपीडिया:ट्रांसक्लूजन
Jump to navigation
Jump to search
![]() | ई एक ठो जानकारी पन्ना बाटे एकरा द्वारा विकिपीडिया के आम परंपरा आ आपसी सहमति से बनल कुछ नीति आ निर्देश के जानकारी दिहल गइल बा। एकर उद्देश्य कौनों प्रक्रिया या निर्देश के बारे में जानकारी दिहल या ब्याख्या कइल बाटे। ई विकिपीडिया के नीति ना हवे आ जहाँ एह पन्ना पर लिखल बात नीति से अलग होखो, संबंधित नीति वाला पन्ना सीधे देखल जाय। |
ट्रांसक्लूजन के मतलब होला एक डाकुमेंट के सामग्री के दुसरे डाकुमेंट में शामिल कइल, जबकि दुसरे डाकुमेंट में पहिला के रिफरेन्स भर दिहल जाय। मीडियाविकि सॉफ्टवेयर अइसन तरीका से दिजान कइल गइल हवे कि एक पन्ना के सामग्री दुसरे पन्ना में देखावल जा सके ला, उदाहरण खाती टेम्पलेट सभ के सामग्री एकही बेर में कई पन्ना पर लउके ला। एकरे खाती मझिला ब्रैकेट में {{Namespace:Pagename}} के दूसरा पन्ना में शामिल करे के पड़े ला।