विकिपीडिया:इतिहास में आजु/24 जनवरी

विकिपीडिया से

इतिहास में 24 जनवरी के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।

नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।

जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।


24 जनवरी:

स्थापना के कुछे दिन बाद कलकत्ता यूनिवर्सिटी
स्थापना के कुछे दिन बाद कलकत्ता यूनिवर्सिटी
  • 41 – रोम के सम्राट कलिगुला के हत्या हो गइल आ उनके चाचा क्लौडियस के राजा बनावल गइल।
  • 1857कलकत्ता यूनिवर्सिटी (फोटो में देखावल) के स्थापना भइल जे दक्खिनी एशिया के पहिली आधुनिक यूनिवर्सिटी हऽ।
  • 1950 – भारत के संबिधान सभा जन गण मन के राष्ट्रगान आ राजेंद्र प्रसाद के भारत के पहिला राष्ट्रपति चुनलस, एही दिन भारत के संबिधान पर दस्खत भी भइल।
  • 1966 – एयर इंडिया के बिमान स्विटजरलैंड में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ सगरी 117 लोग मर गइल जेह में परमाणु बैज्ञानिक होमी जहाँगीर भाभा भी सामिल रहलें।
  • 1965 – ब्रिटेन के परधानमंत्री सर विंस्टन चर्चिल के 90 बरिस के उमिर में निधन हो गइल, एकरे लगभग 15 दिन पहिले उनके दिल के दौरा पड़ल रहे।