विकिपीडिया:इतिहास में आजु/12 मई
ई इतिहास में 12 मई के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
फोटो
एक बेर में कौनों एक ठो फोटो इस्तेमाल कइल जाय
इनहन के मत चुनल जाय
| ब्लर्ब | कारण |
|---|---|
सही उमीदवार
टिप्पणी
१२ मई: अंतर्राष्ट्रीय नर्स दिवस
- १५५१ – सान मार्कोस राष्ट्रीय विश्वविद्यालय, दुनों अमेरिका में सभसे पुरान विश्वविद्यालय, के लीमा, पेरू, के अस्थापना भइल।
- १९४१ –जर्मन इंजीनियर कोनार्ड ज्यूस जेड थ्री (Z3) जवन दुनिया के पहिला पूरा औटोमैटिक आ प्रोग्रामेबल कंप्यूटर रहे, बर्लिन में बैज्ञानिक लोग के सामने प्रस्तुत कइलें।
- १९५५ – मित्र देशन के ऑस्ट्रिया पर कब्ज़ा के समापन हो गइल आ दुसरा बिस्व युद्ध के दस बरिस बाद ई देस फिर स्वतंत्र हो गइल।
- १९७५ – कंबोडियाई जलसेना एगो अमेरिकी कंटेनर जहाज (फोटो में देखावल) मायागुएज पर कब्जा कर लिहलस जवन कंबोडिया के अनुसार ओकरे जलक्षेत्र में रहे।
- अउरी तारीख देखीं: