विकिपीडिया:इतिहास में आजु/11 मई
ई इतिहास में 11 मई के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
फोटो
एक बेर में कौनों एक ठो फोटो इस्तेमाल कइल जाय
इनहन के मत चुनल जाय
ब्लर्ब | कारण |
---|---|
सही उमीदवार
- ३३० – बाइजेंटियम शहर के नया संस्कार भइल आ नवका रोम (नोवा रोमा) के रूप में कुस्तुनतुनिया के नाँव से ई पबित्र रोमन साम्राज्य के नई राजधानी बनल। .
टिप्पणी
- १८१३ – विलियम लॉसन, ग्रेगरी ब्लैक्सलैंड आ विलियम वेंटवर्थ सिडनी से पच्छिम ओर चलि ब्लू माउंटेन के क्रास कइल आ अइसन करे वाला पहिला यूरोपियन लोग बनल।
- १९१० – ग्लेशियर नेशनल पार्क, जवन यूनाइटेड स्टेट्स के मोंटाना में बाटे, नेशनल पार्क के दर्जा पावल।
- १९९६ – माउंट एवरेस्ट पर आइल खतरनाक ब्लिजार्ड में आठ गो पर्वतारोही लोग मारल गइल आ ई ओह साल के सभसे मारात्मक परबत दुर्घटना बनल।
- १९९७ – डीप ब्लू कंप्यूटर, बिस्व शतरंज चैम्पियनशिप में जीत दर्ज करे वाला पहिला कंप्यूटर बन गइल जब ई गैरी कास्परोव के हरा दिहलस।
- १९९८ – भारत आपन दुसरा परमाणु परीक्षण पोखरण-II शुरू कइलस।
- अउरी तारीख देखीं: