वार्तालाप:अशोक/नीक लेख समीक्षा 1

Page contents not supported in other languages.
विकिपीडिया से

नीक लेख समीक्षा[संपादन करीं]

लेख (संपादन | विजुअल संपादन | इतिहास) · लेख वार्ता (संपादन | इतिहास) · धियान राखीं

समीक्षक: SM7 (वार्ता · योगदान) समीक्षा खातिर लेख स्वीकार कइल गइल। भोजपुरी विकिपीडिया पर नीक लेख खातिर पहिला नामांकन के स्वागत बा। 15:26, 14 मई 2021 (UTC)[जबाब देईं]


शुरुआती समीक्षा[संपादन करीं]

भोजपुरी विकिपीडिया पर एह पहिला नीक लेख नामांकन के स्वागत बा।

एह शुरुआती समीक्षा में भाषा, हिज्जे (इस्पेलिंग), संदर्भ नियर छोट-छोट चीजन पर अभिन कौनों टिप्पणी नइखे कइल जात। पहिले लेख के बिसय के कभरेज आ लेख में बनल खंड पर कुछ सुझाव दिहल जा रहल बा:

  • लेख अउरी विकिपीडिया सभ में से एक ठो विकिपीडिया पर बीछल लेख (FA) बाटे आ एगो विकिपीडिया पर नीक लेख (GA) बा। भाषा भले पूरा न बुझाव बाकी इनहन से लेख के कभरेज आ खंड में बिभाजन के कुछ अनुमान जरूर लगावल जा सकेला आ मदद मिल सके ला।
  • लेख अंगरेजी विकिपीडिया पर भरपूर बिस्तार वाला बा (हालाँकि उहाँ अभिन ले ई नीक लेख नइखे) जेकरा से मदद लिहल जा सके ला।
  • अगर अंगरेजी विकिपीडिया के लेख से तुलना कइल जाय, अभिन लेख में बहुत बिस्तार के जरूरत बाटे। कई चीजन के खंड एह लेख में नइखें जिनहना के बिना लेख के कभरेज पूरा ना कहाई। उदाहरण:
    • एगो राजकुमार के रूप में (शुरुआती जिनगी के बाद आ राजा बने से पहिले) इनके योगदान के बारे में लेख में जानकारी ना बा (देखल जाय अंग्रेजी खंड - As a Prince)
    • परिवार, राज्य के बिस्तार, बिदेस संबंध नियर खंड गायब बाड़ें जिनहन के अंगरेजी विकिपीडिया के लेख के आधार पर (भले संछेप में) लिखल जा सके ला।
  • खंड के बेवस्था में कुछ जरूरी सुधार चाहत बा:
    • ऐतिहासिक स्रोत वाला खंड भूमिका के ठीक बाद होखे के चाहीं।
    • "जीवन" खंड के "शुरुआती जीवन" क दिहल जाय। एह में इनके पूर्वज आ वंश के जानकारी होखे आ मन होखे त राजकुमार के रूप में इनके योगदान के भी एही में उपखंड बना के लिखल जा सके ला; बियाह आ पत्नी लोगन के जानकारी एह में से हटावल जा सके ला आ आगे "परिवार" के खंड में जोड़ल जा सके ला। राजा बने, सत्ता के बिस्तार आ कलिंग जुद्ध वगैरह के जानकारी खाती अलग से खंड बनावल जाय, जीवन के उपखंड में ना राखल जाय।
    • राजा बने के बाद से कलिंग जुद्ध ले अलग खंड होखे, कलिंग जुद्ध के बाद खातिर अलग खंड।
  • "धारना सभ आउर इतिहास लेखन" के खंड के दोबारा लिखे के जरूरत बा। एह में वर्तमान में एकही भर संदर्भो बाटे।
  • "योगदान" वाला खंड के अभिन बहुत बिस्तार के जरूरत बा; हो सके त एकर नाँव कुछ "विरासत" नियर शब्द होखे के चाहीं, एह पर बिचार कइल जाय।

एह सुधार के बाद आगे के समीक्षा कइल जाई। कौनों किसिम के तकनीकी दिक्कत होखे तब हमरा बातचीत पन्ना पर संपर्क कइल जा सकत बा।--SM7--बातचीत-- 15:44, 14 मई 2021 (UTC)[जबाब देईं]