वायुमंडलीय दाब
Appearance
वायुमंडलीय दाब (atmospheric pressure) चाहे बैरोमीट्रिक प्रेशर (barometric pressure) धरती के (या कौनों अन्य ग्रह के) वायुमंडल के भीतर हवा के दाब हवे। मानक दाब (स्टैंडर्ड प्रेशर) के चीन्हा atm हवे आ ई 1013.25 मिबार (101325 पास्कल) परिभाषित कइल गइल बा, जे 760 mm Hg (टॉर), 29.9212 inches Hg, या 14.696 psi के बरोबर होखे ला।[1] आमतौर पर पृथ्वी पर समुंद्र तल पर नापल जाए वाला औसत दाब 1 atm होला। ऊँचाई बढ़त जाए पर ई घटे ला।
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ International Civil Aviation Organization. Manual of the ICAO Standard Atmosphere, Doc 7488-CD, Third Edition, 1993. ISBN 92-9194-004-6.
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |