वल्ड वेटलैंड्स डे

विकिपीडिया से
पाकिस्तान में वर्ल्ड वेटलैंड्स डे मनावत लइका सभ।

2 फरवरी के हर साल मनावल जाये वाला वल्ड वेटलैंड्स डे (अंग्रेजी: World Wetlands Day) चाहे बिस्व आर्द्रभूमि दिवस भा बिस्व नमभूमि दिवस, पर्यावरण से संबंधित एगो उत्सव हवे जे साल 1971 से शुरू भइल जब पर्यावरणविद लोग वेटलैंड सभ के सुरक्षा आ प्रेम के दोबारा पुष्टि करे खातिर एकट्ठा भइल।[1] ई पनिहा इकोसिस्टम हवें जिनहन में पौधन के जीवन आ अउरी जीव सभ सामिल बाड़ें जे खाली भर पानीये वाला इकोसिस्टम के ना बलुक मय पर्यावरण लाभ पहुँचावे लें। वल्ड वेटलैंड्स डे के सेक्रेटेरियेट मूल रूप से स्विट्जरलैंड के ग्लैंड में बाटे।[2]

2 फरवरी के मनावल जाए के कारन ई हवे की एही दिने ईरान के रामसर में, रूम सागर के तीरे, रामसर कन्वेंशन साइन भइल रहल[2] जे पूरा दुनियाँ में नमभूमि सभ के सहेजे आ सुरक्षित करे के कोसिस बा।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Home - WorldWetlandsDay". www.worldwetlandsday.org.
  2. 2.0 2.1 "World Wetlands Day | Ramsar". www.ramsar.org.