Jump to content

लोटनी

विकिपीडिया से
भारतीय लोटनी
दाक्खिन अफरिका के केप लोटनी

लोटनी चाहे ओटनी (Skink; स्किंक) बिछकुतिया के परजाति के जीव होखेले।[1][2] भारतीय जंतु बिज्ञान सर्वेक्षण के एगो रपट के मोताबिक भारत में ओटनी के कुल 62 गो प्रजाति पावल जालीं।[3]

लोटनी एगो अईसन बिछकुतिया होले जेकर गोड़ छोट होला आ देहि लाम होला, कोनो कोनो परकार के लोटनी के गोड़ नाहीयो होखेला। लोटनी सभ के नेटी ना होखे बाकिर केहू केहू मे होबो करेला आ केहू केहू के बड़ ओ गोड़ होला।[4] कोनो कोनो परजाती के लाम पोंछियो होला जेकरा सिकारि सभ से बाचे ला ई आपन देहि से अलगा कऽ दिहेले। पोंछी छोड़ला के तीन चारि मास बाद नवका पोंछी जाम जाला।[5]

लोटनी के कवनो कवनो परजाती सात सेंटीमीटर जेतना छोट होखेलिसन जेमे आधवा पोंछी होखेला।[6] सोलोमोन टापु के लोटनी सभ से लाम होले आ एकर लमाई पनरह इंची ले होला।

कोनो कोनो लोटनी के खून हरियर होखेला।[7]

लोटनी के अंग्रेजी मे स्किंक कहल जाला, जेवन कि यूनानी के सिंकोस आ लैटिन के सिंकस से 1580-90 मे अंग्रेजी भासा मे आइल।[8]

चाल चलन

[संपादन करीं]
दुगो लोटनी संभोग करत

लोटनी भूञ के नीचे बेसी रहेले, बाकिर कबो कबो बहरो आवेले।

बेसी लोटनी माँसाहारी होले आ पिलुआ खाले। ई मुख रूप से माछी, झींगुर, टिड्डा, बीटल, घोंघा आ जोंकी खाले। कोनो कोनो परजाती सबाहारियो होखेला।[9]

भले बेसी लोटनी अंडा देवेले बाकिर 45 % अंडा ना देवेले आ सीधे बच्चा जन्मेले।

फोटो गैलरी

[संपादन करीं]
  1. Mecke, Doughty & Donnellan (2013). "Redescription of Eremiascincus fasciolatus (Günther, 1867) (Reptilia: Squamata: Scincidae) with clarification of its synonyms and the description of a new species" (PDF). Zootaxa. 3701 (5): 473–517. doi:10.11646/zootaxa.3701.5.1.
  2. "Skink | lizard". Encyclopedia Britannica (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  3. Singh, Shiv Sahay (19 अक्टूबर 2020). "Celebrating skinks, Zoological Survey of India lists 62 species". The Hindu (अंग्रेजी में). Retrieved 24 दिसंबर 2021.
  4. "Reptile Range". Archived from the original on 2020-11-11.
  5. "10 Creatures That Conveniently Grow Back Body Parts". TreeHugger (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  6. "Species Profile: Ground Skink (Scincella lateralis) | SREL Herpetology". srelherp.uga.edu. Archived from the original on 2017-12-10. Retrieved 2019-05-06.
  7. Malhotra, Anita. "Some lizards have green blood that should kill them – and scientists can't work out why". The Conversation (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  8. "the definition of skink". www.dictionary.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  9. McLeod, Lianne. "Keeping Blue Tongued Skinks as Pets". Archived from the original on 2017-01-01. Retrieved 2006-08-27.