लोटनी

विकिपीडिया से
भारतीय लोटनी
दाक्खिन अफरिका के केप लोटनी

लोटनी चाहे ओटनी (अंग्रेजी: Skink; स्किंक) बिछकुतिया के परजाति के जीव होखेले।[1][2] भारतीय जंतु बिज्ञान सर्वेक्षण के एगो रपट के मोताबिक भारत में ओटनी के कुल 62 गो प्रजाति पावल जालीं।[3]

बरनन[संपादन करीं]

लोटनी एगो अईसन बिछकुतिया होले जेकर गोड़ छोट होला आ देहि लाम होला, कोनो कोनो परकार के लोटनी के गोड़ नाहीयो होखेला। लोटनी सभ के नेटी ना होखे बाकिर केहू केहू मे होबो करेला आ केहू केहू के बड़ ओ गोड़ होला।[4] कोनो कोनो परजाती के लाम पोंछियो होला जेकरा सिकारि सभ से बाचे ला ई आपन देहि से अलगा कऽ दिहेले। पोंछी छोड़ला के तीन चारि मास बाद नवका पोंछी जाम जाला।[5]

लोटनी के कवनो कवनो परजाती सात सेंटीमीटर जेतना छोट होखेलिसन जेमे आधवा पोंछी होखेला।[6] सोलोमोन टापु के लोटनी सभ से लाम होले आ एकर लमाई पनरह इंची ले होला।

कोनो कोनो लोटनी के खून हरियर होखेला।[7]

इतिहास[संपादन करीं]

लोटनी के अंग्रेजी मे स्किंक कहल जाला, जेवन कि यूनानी के सिंकोस आ लैटिन के सिंकस से 1580-90 मे अंग्रेजी भासा मे आइल।[8]

चाल चलन[संपादन करीं]

दुगो लोटनी संभोग करत

लोटनी भूञ के नीचे बेसी रहेले, बाकिर कबो कबो बहरो आवेले।

आहार[संपादन करीं]

बेसी लोटनी माँसाहारी होले आ पिलुआ खाले। ई मुख रूप से माछी, झींगुर, टिड्डा, बीटल, घोंघा आ जोंकी खाले। कोनो कोनो परजाती सबाहारियो होखेला।[9]

जनन[संपादन करीं]

भले बेसी लोटनी अंडा देवेले बाकिर 45 % अंडा ना देवेले आ सीधे बच्चा जन्मेले।

फोटो गैलरी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Mecke, Doughty & Donnellan (2013). "Redescription of Eremiascincus fasciolatus (Günther, 1867) (Reptilia: Squamata: Scincidae) with clarification of its synonyms and the description of a new species" (PDF). Zootaxa. 3701 (5): 473–517. doi:10.11646/zootaxa.3701.5.1.
  2. "Skink | lizard". Encyclopedia Britannica (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  3. Singh, Shiv Sahay (19 अक्टूबर 2020). "Celebrating skinks, Zoological Survey of India lists 62 species". The Hindu (भारतीय अंग्रेजी में). Retrieved 24 दिसंबर 2021.
  4. "Reptile Range".{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  5. "10 Creatures That Conveniently Grow Back Body Parts". TreeHugger (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  6. "Species Profile: Ground Skink (Scincella lateralis) | SREL Herpetology". srelherp.uga.edu. Retrieved 2019-05-06.
  7. Malhotra, Anita. "Some lizards have green blood that should kill them – and scientists can't work out why". The Conversation (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  8. "the definition of skink". www.dictionary.com (अंग्रेजी में). Retrieved 2019-05-06.
  9. McLeod, Lianne. "Keeping Blue Tongued Skinks as Pets". Retrieved 2006-08-27.