ललित होटल

विकिपीडिया से

ललित होटल भारत होटल्स लिमिटेड उद्यम क फ्लेगशिप ब्रांड ह, जवन की ललित सूरी हास्पिटैलिटी ग्रुप का एगो हिस्सा ह। भारत होटल्स लिमिटेड भारत क सबसे बड़ा निजी स्वामित्व वाला होटल कंपनी ह।

नई दिल्ली में एकर मुख्यालय आइल बा, कंपनी आपन पहिला होटल 1988 में संस्थापक अध्यक्ष श्री ललित सूरी की नेतृत्व में खोललस, उ अपनी विस्तार योजना की माध्यम से कम्पनी क तबले नेतृत्व कईन जबले की 2006 में उन क मृत्यु नाहीं भइल। कम्पनी डॉ ज्योत्सना सूरी, अध्यक्ष एवं प्रबंध निदेशक की प्रबंधन की तहत जारी रहल।

संचालित होटल[संपादन करीं]

  • ललित नई दिल्ली
  • ललित मुंबई
  • ललित अशोक बैंगलोर
  • ललित गोल्फ और स्पा रिज़ॉर्ट गोवा
  • ललित मंदिर खजुराहो देखें
  • ललित ग्रैंड पैलेस श्रीनगर
  • ललित लक्ष्मी विलास पैलेस उदयपुर
  • ललित रिज़ॉर्ट और स्पा बेकल
  • ललित जयपुर
  • ललित ग्रेट ईस्टर्न कोलकाता
  • ललित चंडीगढ़
  • जल्दीए आवे वाला बा: ललित लंदन

उपलब्ध सुविधा[संपादन करीं]

ललित गोल्फ और स्पा रिसोर्ट रूम्स, गोवा में, मेहमानन खातिर सुगंध, आयुर्वेदिक और हर्बल उपचार प्रदान करे वाला स्पा सुविधा उपलब्ध बा, एकरी अलावा गोल्फ की शौक़ीन लोगन खातिर 40 एकड़ में फ़ैलल गोल्फ कोर्स बा।[1] फिटनस क दीवाना लोगन खातिर इन हाउस फिटनेस क्लब, स्विमिंग, टेनिस खेलले क वगैरह सुविधा उपलब्ध बा। बेंक्वेट हॉल में एक साथ 550 लोगन खातिर जगह बा। मेहमानन के गिफ्ट वगैरह की खरीदारी खातिर शॉपिंग आर्केड मौजूद बा। रिसोर्ट क आपन खुद क हेलीपेड बा। अन्य सुविधा जैसे की बेबी सिटिंग, एमरजेंसी में मेडीकल सुविधा उपलब्ध बा। खाए पिए खातिर इन हाउस कॉफ़ी शॉप और 6 डाइनिंग आउटलेट्स बान स।

कमरा[संपादन करीं]

ललित गोल्फ और स्पा रिसोर्ट रूम्स, गोवा में कुल 255 वातानुकूलित कमरा बान स जेमें से 238 में समुद्र और बगीचा देखले क लुत्फ़ उठावल जा सकेला, 14गो लक्जरी सुइट्स और 3गो प्रेसिडेंट सुइट्स उपलब्ध बान स।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "ललित गोल्फ एंड स्पा रिसॉर्ट के बारे में". क्लियरट्रिप.कॉम. Retrieved 3 October 2016.

बाहरी कड़ियाँ[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]