Jump to content

लचका

विकिपीडिया से
Ford
Rawney Ford on the Bothrigg Burn, a tributary of the White Lyne in Cumbria, England.
AncestorNone
RelatedNone, but akin to causeway
DescendantNone, but akin to step-stone bridge
CarriesTraffic
Span rangeShort
MaterialUsually none (natural, preexisting), but sometimes supplemented with concrete or asphalt for vehicles.
MovableNo
Design effortNone or low
Falsework requiredNo

लचका (अंग्रेजी: Ford) छोट नदी चाहे नाला के पार करे खातिर एगो जुगति हवे, जहाँ पानी छिछिल होखे ला नदी के तली में पाथर डाल के चाहे पक्का बना के ओह जगह के इस्तेमाल नदी पार करे खातिर कइल जा सके ला। एह तरीका से ई अइसन क्रासिंग होला जहाँ से हेल के चाहे अगर गाड़ी होखे तब गाड़ी के हेला के पार करा लिहल जाला। ई पुल बनावे के तुलना में सस्ता होला।

बिहार के बाढ़ वाली नदी सभ में, जब ऊ कई धारा में बहें, उपटान वाला जगहन पर ब्रिटिश काल में अइसने लचका बनावल जाए के उल्लेख मिले ला जेकरे जगह बाद में ह्यूम पाइप कल्वर्ट के निर्माण होखे लागल।[1] ह्यूम पाइप कल्वर्ट बड़ साइज के बोमा होलें जिनहना के कम पानी वाला आ पातर पाट वाला अस्थान पर भंसा के ऊपर से पुल बना लिहल जाला। ढेर बाढ़ वाला स्थिति में लचका खतरनाक होला आ आवागमन बंद करे के पड़े ला।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Shri Lallan Prasad Sinha. Sitamarhi Charit. Prabhat Prakashan. pp. 1–. ISBN 978-81-7721-387-4.