Jump to content

लंदन टावर

विकिपीडिया से
लंदन टावर
टेम्स नदी की ओर से लंदन टावर के फोटो, जेवन वाटर-गेट लउकत बाटे ओकरा के "धोखेबाजन के गेट" (Traitors' Gate) कहल जाला।
Locationलंदन बरो ऑफ टॉवर हैमलेट्स, लंदन, इंग्लैंड
Areaकिला: 12 एकड़
टावर के लिबर्टीज: 6 एकड़ बिस्तार
Heightसफ़ेद टावर के ऊँचाई: 27 मी
Builtसफेद टावर: 1078
भीतरी वार्ड: 1190'दशक
दुबारा बनल: 1285
व्हार्फ बिस्तार: 1377-1399
Visitors24,44,296 (2012)[1] (in 2011)[2]
ऑफिशियल नाँवलंदन बरो ऑफ टावर हैमलेट्स
प्रकारसांस्कृतिक
तिथी1988 (12वाँ सेशन)
रिफरेंस नं॰४८८
देसयूनाइटेड किंगडम
क्षेत्रयूरोप आ नार्थ अमेरिका
Listed Building – Grade I
Listed Building – Grade II
लंदन टावर is located in Central London
लंदन टावर
मध्य लंदन में टावर के स्थिति

लंदन टावर (Tower of London) या महारानी के शाही महल आ किला (Her Majesty's Royal Palace and Fortress) एक ठो इतिहासी किला (castle) हवे जेवन बीच-लंदन में टेम्स नदी की उत्तरी किनारा पर मौजूद बाटे। एकर अस्थापना इंग्लैण्ड पर नार्मन बिजय के चीन्हा की रूप में सन् 1066 इसवी में भइल रहे। उजरका टावर (मीनार) जेवना की आधार पर ए पुरा भवन के नाँव राखल गइल बा, विलियम 'विजेता' के बनवावल ह। ई किला 1100 (Ranulf Flambard) से 1952 (Kray twins),[3] ले एक ठो कैदखाना की रूप में इस्तेमाल भइल हालाँकि ई एकरा बनवावे के मूल मकसद ना रहे। ई शानदार महल मूल रूप से त शाही परिवार के आवास की खातिर बनल रहे।

एकरी इतिहासी महत्व के कारण आजु ई किला यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल में शामिल बाटे। वर्तमान में इहाँ शाही खजाना के कुछ हिस्सा आ गहना गुरिया भी राखल बाटे।

  1. सभसे ढेर पर्यटक आकर्षण एसोशियेशन आँकड़ा (Association of Leading Visitor Attractions data)
  2. Historic Royal Palaces 2011 Annual Report [इतिहासी शाही महल सभ पर 2011 के रपट] (PDF), हिस्टॉरिकल रॉयल पैलेसेस, p. 37, archived from the original (PDF) on 2012-02-15, retrieved 30 सितंबर 2011
  3. टॉवर ऑफ़ लन्दन वेबसाइट - आखिरी कैदी (tower of London website – Last Prisoners)