रिपब्लिकन पार्टी (अमेरिका)
रिपब्लिकन पार्टी (अंगरेजी: Republican Party), जेकरा के ग्रैंड ओल्ड पार्टी (Grand Old Party) भा जीओपी (GOP) के नाँव से जानल जाला, अमेरिकी राजनीतिक पार्टी बाटे आ वर्तमान में ई सभसे प्रमुख दू गो पार्टी में से एक बा जबकि एकर प्रमुख बिपक्षी पार्टी डेमोक्रेटिक पार्टी हवे। अमेरिका के वर्तमान राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप एही रिपब्लिकन पार्टी के बाड़ें आ अगिला चुनाव खातिर उहे एह पार्टी के दोबारा उमेदवार रहिहें।
पार्टी के अस्थापना 1854 में कंसास-नेब्रास्का एक्ट के बिरोधी लोगन द्वारा कइल गइल जे लोग एह एक्ट द्वारा पच्छिमी टेरिटरी सभ में दासता (स्लेवरी) के सपोर्ट करे के बिरोध करत रहल। पार्टी क्लासिकल उदारवाद के समर्थक रहे आ दासता के बढ़ावा देवे के बिरोधी रहल अउरी ई आर्थिक सुधार सभ के हामी रहल। अब्राहम लिंकन पहिला रिपब्लिकन प्रेसिडेंट बनलें। 1865 में लिंकन के राष्ट्रपति काल में आ कांग्रेस में रिपब्लिकन बहुमत के समय दासता पर पूरा तरीका से रोक लगा दिहल गइल। बाद के बरिस में पार्टी के महत्वपूर्ण अस्थान रहल।
1912 के बाद, पार्टी के सामाजिक बिचारधारा में बदलाव भइल आ ई दक्खिनपंथ के ओर घसक गइल।
21वीं-सदी के रिपब्लिकन पार्टी के बिचारधारा के अमेरिकी कंजरवेटिज्म बाटे जे आर्थिक आ सामाजिक दुनों आधार पर आपन समर्थन-बिरोध तय करे ला। एह बिचारधारा के साथे, ई पार्टी कम टैक्स, फ्री बजार वाला पूँजीवाद, अमेरिका में बाहरी लोगन के प्रवास पर कंट्रोल, सेना पर बेसी खरच, बंदूक रखे कहे अधिकार, गर्भपात पर रोक, लेबर संगठन पर रोक नियर चीजन के समर्थन करे ले।
अबतक ले एह पार्टी के 19 गो प्रेसिडेंट रह चुकल बाड़ें (जेह में वर्तमान राष्ट्रपति डोनाल्ड ट्रंप शामिल बाड़ें)।
संदर्भ[संपादन]
- ↑ Winger, Richard. "March 2020 Ballot Access News Print Edition". Ballot Access News. पहुँचतिथी 5 April 2020.
- ↑ Paul Gottfried, Conservatism in America: Making Sense of the American Right, p. 9, "Postwar conservatives set about creating their own synthesis of free-market capitalism, Christian morality, and the global struggle against Communism." (2009); Gottfried, Theologies and moral concern (1995) p. 12.
- ↑ Kurth, James (2016). American Conservatism: NOMOS LVI. New York University Press. प. 48. ISBN 9781479812370.
- ↑ "No Country for Old Social Conservatives?". thecrimson.com. Nair. पुरालेखित से पुरालेखित August 19, 2014 के. पहुँचतिथी August 17, 2014.
- ↑ "Social conservatives win on GOP platform". Politico. July 18, 2016. पुरालेखित से पुरालेखित March 29, 2019 के. पहुँचतिथी March 13, 2019.
- ↑ "Republican Party". History. पुरालेखित से पुरालेखित March 29, 2019 के. पहुँचतिथी March 16, 2019.
- ↑ Siegel, Josh (July 18, 2017). "Centrist Republicans and Democrats meet to devise bipartisan healthcare plan". The Washington Examiner. पुरालेखित से पुरालेखित May 5, 2018 के. पहुँचतिथी May 5, 2018.
- ↑ 8.0 8.1 Miller, William J. (2013). The 2012 Nomination and the Future of the Republican Party. Lexington Books. प. 39.
- ↑ Cassidy, John (February 29, 2016). "Donald Trump is Transforming the G.O.P. Into a Populist, Nativist Party". The New Yorker. पुरालेखित से पुरालेखित March 4, 2016 के. पहुँचतिथी July 22, 2016.
- ↑ Gould, J.J. (July 2, 2016). "Why Is Populism Winning on the American Right?". The Atlantic. पुरालेखित से पुरालेखित March 12, 2017 के. पहुँचतिथी March 11, 2017.
- ↑ "About". ECR Party. पहुँचतिथी 2020-04-01.
- ↑ "Members". IDU. ओरिजनल से जुलाई 16, 2015 के पुरालेखित.
- ↑ "International Democrat Union » APDU". International Democrat Union. मई 22, 2018. ओरिजनल से जुलाई 2, 2015 के पुरालेखित.
बाहरी कड़ी[संपादन]
- Republican National Committee
- Senate Republican Conference
- House Republican Conference
- National Republican Senatorial Committee
- National Republican Congressional Committee
- Republican Governors Association
- Republican State Leadership Committee
![]() | ई अमेरिका से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |