Jump to content

डोनाल्ड ट्रंप

विकिपीडिया से
(Donald Trump से अनुप्रेषित)
डोनाल्ड ट्रंप
चेहरा के कठोर भाव वाला ट्रंप के सिर-कंधा के चित्र। ऊ नील रंग के सूट, सफेद कमीज, नीला रंग के नेकटाई, आ अमेरिकी झंडा के लैपल पिन पहिनले बाड़न। बैकग्राउंड बिना रोशनी आ धुंधला बा आ अमेरिकी झंडा के कुछ हिस्सा लउकत बा।
डोनाल्ड ट्रंप चित्र, सन् 2025
45वां अउर 47वें राष्ट्रपति, यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका
पद पर मौजूद
पदभार लिहल गइल
जनवरी 20, 2025
उप राष्ट्रपतिजेडी वेंस
इनसे पहिलेजो बाइडन
कार्यकाल
जनवरी 20, 2017 – जनवरी 20, 2021
उप राष्ट्रपतिमाइक पेंस
इनसे पहिलेबराक ओबामा
इनके बादजो बाइडन
निजी जानकारी
जनमडोनाल्ड जॉन ट्रंप
(1946-06-14) जून 14, 1946 (उमिर 78)
क्वीन्स, न्यूयॉर्क सिटी, अमेरिका
राजनीतिक पार्टीरिपब्लिकन (1987–1999, 2009–2011, 2012–अब ले के बा)
अन्य राजनीतिक
जुड़ाव
जीवनसाथी
संतान
माई-बाबूजी
  • फ्रेड ट्रंप
  • मैरी ऐनी मैकलोड
निवासव्हाइट हाउस
पढ़ाईयूनिवर्सिटी ऑफ पेंसिलवेनिया (बीएस)
अकुपेशन
  • राजनेता
  • व्यापारी
  • मीडिया के व्यक्तित्व
दस्खतDonald J. Trump stylized autograph, in ink
वेबसाइट

डोनाल्ड ट्रंप (जनम 14 जून 1946) यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ अमेरिका के निर्वाचित राष्ट्रपति हवें। ट्रंप, पिछला राष्ट्रपति बराक ओबामा के जगह लिहलें आ अमेरिका के 45वाँ राष्ट्रपति बनलें।[1] वर्तमान में डोनाल्ड ट्रंप दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन के अध्यक्ष आ चेयरमैन बाड़ें।

ट्रम्प के जनम न्यूयार्क शहर में भइल आ ऊ अर्थशास्त्र में डिग्री लिहले हवें। 2016 में फ़ोर्ब्स लिस्ट में ट्रंप के दुनिया के सभसे धनी लोग में 324वाँ आ अमेरिका में 156वाँ अस्थान बाटे।

ट्रंप जून 2015 में रिपब्लिकन पार्टी के उमीदवार के रूप में अमेरिका के राष्ट्रपति के चुनाव लड़े के घोषणा कइलेन। चुनाव प्रचार के दौरान इनके कई ठे बयान आ ट्विटर पर कइल ट्वीट सब पर बिबाद भइल।

ट्रम्प एह चुनाव में अपने मुकाबिला में लड़ रहल डेमोक्रेटिक कैंडिडेट हिलेरी क्लिंटन के हरा दिहलें आ अब अमेरिका के पैंतालिसवाँ राष्ट्रपति बनलें। ऊ रूजवेल्ट के बाद दुसरा अइसन राष्ट्रपति बाड़ें जे न्यूयॉर्क में पैदा भइल होखे।

सुरुआती जीवन

[संपादन करीं]
A black-and-white photograph of Donald Trump as a teenager, smiling and wearing a dark uniform with various badges and a light-colored stripe crossing his right shoulder. This image was taken while Trump was in the New York Military Academy in 1964.
न्यूयॉर्क मिलिटरी ऐकेडमी में 18 बरिस के उमिर में ट्रंप, 30 जून, 1964

ट्रंप के जनम 14 जून 1946 के, न्यूयॉर्क शहर के क्वींस नाँव के इलाका में भइल। ट्रंप अपने माई-बाबूजी के पाँच गो संतानन में चौथी हवें आ उनके भाई बहिन में अब तीन लोग जियत बाटे: मेरियान, एलिजाबेथ आ रॉबर्ट। ट्रम्प के बड़ भाई फ्रेड जूनियर शराब पिए के लत के कारण 1981 में मरलें आ ट्रंप के मोताबिक ई घटना उनके शराब आ सिगरेट छोड़े के वजह बनल।

ट्रंप अपना पिता के साइड से जर्मन मूल के आ महतारी के साइड से स्कॉटिश मूल के बाड़ें। इनके महतारी-बाबू दुनों लोग के जनम यूरोप में भइल आ ऊ लोग न्यूयॉर्क में 1936 में बियाह कइल। इनके एगो चाचा जॉन जी ट्रंप मैसच्यूसेट्स इंस्टीट्यूट ऑफ टेक्नॉलाजी में प्रोफ़ेसर रहलें।

इनके परिवार के एक ठो दुमंजिला मकान न्यूयॉर्क के क्वींस एरिया में जमैका एस्टेट में रहल जहाँ ट्रंप के बचपन बीतल आ ऊ कीव-फॉरेस्ट स्कूल में आपन सुरुआती पढ़ाई कइलेन। 13 बरिस के उमिर में ट्रंप घर छोड़ दिहलें आ न्यूयॉर्क मिलिटरी ऐकेडमी में दाखिल भइलेन जहाँ से ऊ आठवीं कक्षा आ हाई स्कूल पूरा कइलें। एकरा बाद ट्रंप फोर्डहम यूनिवर्सिटी में दू साल पढ़लें आ ओकरे बाद यूनिवर्सिटी ऑफ पेंसिलवेनिया के व्हार्टन स्कूल ऑफ फाइनेंस एंड कॉमर्स में दाखिला लिहलें। मई 1968 में ट्रंप अर्थशास्त्र में बैचलर ऑफ साइंस के डिग्री लिहलें।

बिजनेस कैरियर

[संपादन करीं]

रियल एस्टेट

[संपादन करीं]

डोनाल्ड ट्रंप के बिजनेस कैरियर रियल एस्टेट (अचल संपत्ति) के धंधा से सुरू भइल। उनके पिताजी एही धंधा में रहलें आ ट्रंप के भी अपना ग्रेजुएशन के पढ़ाई पूरा करे से पहिलहीं अपने बाबूजी के काम में मदद करे के मोका मिलल। ओकरे बाद ट्रंप के पहिला प्रोजेक्ट उनके ग्रेजुएशन के पढ़ाई के दौरान मिलल जब उनके सिनसिनाती में स्विफ्टन विलेज अपार्टमेंट्स के पुनर्जीवित करे के काम मिलल। दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन द्वारा 1972 मे स्विफ्टन विलेज के $67.5 लाख में बेचल गइल।

ट्रंप एह कंपनी के 1971 में अध्यक्ष बनल रहलें, आ एकरे बाद उनके पहिला काम एह कंपनी के नाँव बदल के दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन कइल रहल। 1973 में ट्रंप आ उनके पिता पर जस्टिस डिपार्टमेंट द्वारा ई आरोप भी लगावल गइल कि ऊ लोग रंगभेद करत बाटे।

ट्रम्प के पहिला बड़ा मोका मैनहट्टन में ग्रैंड हाईट होटल के डेवलपमेंट रहल, 1987 में।

1983 में ट्रंप टावर के निर्माण पूरा भइल। ई एक ठो 58 मंजिला गगनचुंबी इमारत बाटे जे मिडटाउन मैनहट्टन में बा। एह प्रोजेक्ट खातिर जमीन वगैरह खातिर नेगोशियेशन में ट्रंप के सफलता के तारीफ़ भइल। 1984 में, अटलांटिक सिटी में हाराह'स एट ट्रंप प्लाजा खुलल। 1988 में ट्रंप द्वारा मैनहट्टन के प्लाजा होटल के अधिग्रहण क के एकर पुनरुद्धार कइल गइल आ अब ई ट्रंप ताजमहल के नाँव से जानल जाला। बिल्डिंग वगैरह के अलावा ट्रंप गोल्फ कोर्स के निर्माण भी कइलेन।

1983 में ट्रम्प के टीम न्यू जर्सी जेनरल्स के यूनाइटेड स्टेट्स फुटबाल लीग के चार्टर्ड सदस्यता मिलल। ट्रंप एह सदस्यता के बाद लीग के ज्यादातर टीम सभ के ई बिस्वास दियावे मे कामयाब भइलें कि एकर मैच बसंत आ गर्मी के समय आयोजित करे के बजाय पतझड़ के मौसम में करावल जाय, जब नेशनल फुटबाल लीग के मैच होलें, आ एकरा से इनहन के बिलय करे में मदद मिली। 1985 के सीजन के बाद न्यू जर्सी जनरल्स के हाउस्टन गैम्ब्लर्स के साथ बिलय हो गइल। हालाँकि यूनाइटेड स्टेट्स फुटबाल लीग के फ्रेंचाइजी सभ के संख्या अब 7 गो रहि गइल रहे आ एकरा के आपन काम समेटे के पड़ल।

फुटबाल के आलावा ट्रंप कुछ अन्य खेल सभ में भी सक्रियता देखवलें। बॉक्सिंग के कुछ मैच आयोजित करववलें। आ एक ठो साइकिल रेस प्रतियोगिता भी सुरू कइलेन जेवन कुछ सीजन ले चलल।

एकरे अलावा ट्रंप सौन्दर्य प्रतियोगिता सभ से जुड़ल रहलें। एह में भी कई तरह के बिबाद के सामना करे के पड़ल।

डोनाल्ड ट्रंप, एक ठो फॉर-प्रॉफिट यूनिवर्सिटी भी खोललें। ट्रम्प यूनिवर्सिटी सन 2005 से 2010 ले चलल आ कई ठे कानूनी बिबाद के कारण बंद हो गइल।

  1. "ट्रंप अमरीका के नए राष्ट्रपति". BBC News हिंदी (in Hindi). Retrieved 2025-03-03.
बिजनेस पोजीशन
पहिले
फ्रेड ट्रंप
चेयरमैन आ अध्यक्ष दि ट्रंप ऑर्गेनाइजेशन
1971–वर्तमान
पद पर वर्तमान
पार्टी पदाधिकारी
पहिले
मिट रोमनी
अमेरिका के राष्ट्रपति पद खातिर रिपब्लिकन उमीदवार
2016
सबसे नया
रानीतिक पद
पहिले
बराक ओबामा
यूनाइटेड स्टेट्स के राष्ट्रपति
चुनल गइल

2017 में कार्यभार लिहें
पद पर वर्तमान