Jump to content

योगा

विकिपीडिया से
बाहरी माहौल में योगा के एक्सरसाइज करत, टैक्सा, 2010

योगा भा कसरत के रूप में योग एक किसिम के शारीरिक एक्टिविटी ह जेह में बिबिध मुद्रा आ भंगिमा, साँस के ले आधारित कसरत, आ अंत में सहजता से आराम आ ध्यान शामिल होला। योग एही रूप में यूरोप आ अमेरिका नियर देसन में पॉपुलर भइल आ योगा के नाँव से जानल गइल। ई मुख्य रूप से भारतीय हठयोग परंपरा से निकसल ह, हठ योग ख़ुद योग क एगो हिस्सा भर ह।