सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल, येरेवन

विकिपीडिया से
(येरेवन कैथेड्रल से अनुप्रेषित)
सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल
बेसिक जानकारी
लोकेशनतिग्रान मेट्स एवेन्यू, केंत्रान, येरेवन, आर्मीनिया
अक्षांस-देशांतर40°10′19″N 44°31′01″E / 40.172003°N 44.516836°E / 40.172003; 44.516836निर्देशांक: 40°10′19″N 44°31′01″E / 40.172003°N 44.516836°E / 40.172003; 44.516836
धर्म/मतआर्मीनियाई एपोस्टली चर्च
देसआर्मीनिया
साल23 सितंबर 2001
स्टेटसचालू
अगुवाईकैथोलिकोस ऑफ़ आल आर्मेनियंस
Architectural description
आर्किटेक्चरStepan Kurkchyan
आर्किटेक्चर प्रकारचर्च
आर्किटेक्चर इस्टाइलआर्मेनियाई आर्किटेक्चर
Groundbreaking1997
पूरा भइल2001
बिसेस लच्छन
क्षमता1700
ऊँचाई (अधिकाधिक)60 मीटर (200 फीट)[1]

सेंट ग्रेगरी दि इलुमिनेटर कैथेड्रल (अंग्रेजी: Saint Gregory the Illuminator Cathedral), जेकरा के खाली येरेवन कैथेड्रल के नाँव से भी जानल जाला, दुनिया के सभसे बड़ आर्मीनियाई एपोस्टली चर्च बाटे। ई आर्मीनिया के राजधानी येरेवन के बिचला हिस्सा केंत्रान डिस्ट्रिक्ट में बाटे। ई दक्खिनी कॉकेशस इलाका के सभसे बड़ा धार्मिक बिल्डिंग सभ में गिनल जाला। जनरल एंद्रानिक मेट्रो इस्टेशन के बगल में मौजूद ई चर्च येरेवन शहर के कई हिस्सन से आसानी से देखलाई पड़े ला।

इतिहास[संपादन करीं]

एह कैथेड्रल के निर्माण कैथोलिकोस पहिला वाज़जेन (Vazgen I) के कोसिस से भइल। निर्माण के सुरुआत 7 अप्रैल 1997 के शुरू भइल आ एकरे जमीन आशीष (एक किसिम के भूमि पूजा) के काम कैथोलिकोस पहिला कारेकिन (Karekin I) द्वारा कइल गइल।[2] बिल्डिंग के डिजाइन आर्किटेक्ट स्तेपान कुर्कच्यान (Stepan Kurkchyan) द्वारा तईयार कइल गइल आ ई 2001 में बन के पूरा भइल।

इहाँ धार्मिक पूजा के सुरुआत (कौंसीक्रेशन) 23 सितंबर 2001 के भइल जे आर्मेनिया के ईसाई राज्य घोषित होखे के 1700वीं बरसी रहल।[2] एह कैथेड्रल में संत ग्रेगरी दि इलुमिनेटर के आ संत ग्रेगरी के इटली के नेपल्स से ले आइल अवशेष (रेलिक्स) रखल गइल बाटे। अहिजा धार्मिक पूजा-प्रार्थना के सुरुआत के कुछे समय बाद दूसरा पोप जॉन पॉल (Pope John Paul II) इहाँ आइल रहलें।[3]

आर्किटेक्चर[संपादन करीं]

ई बिसाल कैथेड्रल तीन गो चर्च से बनल हवे: कैथेड्रल (मेन चर्च) में 1700 सीट बाटे जबकि साइड वाला चर्च चैपल ऑफ़ सेंट तिरिदातेस दि किंग (St. Tiridates the King) आ सेंट आश्खेन दि क्वीन (Saint Ashkhen the Queen) दुनों में 150 सीटन के बेवस्था बाटे। ई दुनों राजा-रानी लोग सभसे महत्वपूर्ण लोग रहे जे आर्मेनिया के ईसाई बनावे में संत ग्रेगरी के मदद कइल। बेलफ्राई टावर (जेह में 30 से बेसी आर्च बा) आ सामूहिक कोर्ट कैथेड्रल के दुआर पर मौजूद बाड़ें। रिसेप्शन आ चर्च-संबंधी कामकाज खातिर बेवस्था मेन चर्च के निचला तल्ला पर बाटे।

एह पूरा परिसर के रकबा लगभग 3,822 वर्गमीटर बाटे, आ जमीन से ले के टावर पर मौजूद सलीब (क्रॉस) तक ले एकर ऊँचाई 54 मीटर बा।[4]

मेन चर्च की निर्माण खाती रिचार्ड अलेक्जेंडर मानूगियान (Richard Alexander Manoogian) आ लुइस मानूगियान सिमोने (Louise Manoogian Simone) द्वारा दिहल गइल दान के रकम से भइल; ऊ लोग ई रकम अपना पिता एलेक्स मानूगियान आ महतारी मैरी मानूगियान के यादगार में दिहले रहल।[2] बाकी दू गो चैपल सभ के निर्माण नाज़ार आ अर्तेमिस नज़ारियान, अउरी केवोर्क आ लिंडा केवोर्कियान के दान से भइल जबकि बेल्फ्राई एदुआर्दो यूर्नेकियान के दान से बनल।

गैलरी[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. https://www.azatutyun.am/a/1567049.html
  2. 2.0 2.1 2.2 http://asbarez.com/42657/louise-simone-and-richard-manougian-donate-2-million-to-yerevan-cathedral-project/ Louise Simone and Richard Manougian Donate $2 Million to Yerevan Cathedral Project
  3. http://w2.vatican.va/content/john-paul-ii/en/homilies/2001/documents/hf_jp-ii_hom_20010926_yerevan-st-gregory.html APOSTOLIC VOYAGE IN ARMENIA, ECUMENICAL CELEBRATION, HOMILY OF JOHN PAUL II. Cathedral of St. Gregory the Illuminator, Yerevan, 26 September 2001
  4. "Yerevan churches". Official Website of the Yerevan Council. Archived from the original on 2011-10-02. Retrieved 2009-08-24.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]