यूरोपियन एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप

विकिपीडिया से
सीधे इहाँ जाईं: नेविगेशन, खोजीं
एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप
(ईएलटी)
Image credit: ESO
39-मीटर एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप (ELT) के इंजीनियर लोग द्वारा बनावल रेंडरिंग
Alternative names ELT
Observatory Cerro Armazones Observatory Edit this on Wikidata
Location(s) सेरो अर्माजोनेस, चिली, परानल बेधशाला के लगे
Coordinates 24°35′20″S 70°11′32″W / 24.58889°S 70.19222°W / -24.58889; -70.19222निर्देशांक: 24°35′20″S 70°11′32″W / 24.58889°S 70.19222°W / -24.58889; -70.19222
Organization ईएसओ
Altitude 3,060 मी (10,040 फीट)[1]
Weather 89% साफ फ्रैक्शन[2]
500 नैनोमीटर पर 0.67″ देखाव (सीइंग)[3]
Observing time 320 nights per year Edit this on Wikidata
Wavelength विजिबल, नजदीकी आ बिचला इन्फ्रारेड
Built शुरू: जुलाई 2014 (निर्माण)[4]
चालू होखी: 2024 में (संभावना)[5]
First light 2024 Edit this on Wikidata[6]
Telescope style रिफ्लेक्टर
Diameter 39.3 मी (129 फीट)
Secondary diameter 4.09 m[7]:124
Tertiary diameter 3.75 m[7]:134
Angular resolution 0.001 से 0.65 आर्कसेकेंड (यंत्र पर निर्भर)[8]
Collecting area 978 मीटर2
Focal length 34.5 मीटर (f/0.88) प्राइमरी[7]:94
420–840 मीटर (f/10 – f/20) फाइनल
Mounting नास्मिथ माउंट
Enclosure क्लासिकल[9]
Website eso.org/public/teles-instr/elt/

यूरोपियन एक्सट्रीमली लार्ज टेलिस्कोप (यूरोपियन अति बिसाल दूरबीन) या ईएलटी (ELT) एक ठो खगोलीय बेधशाला बाटे आ एह में दुनिया के सभसे बड़हन साइज के ऑप्टिकल दूरबीन लगावल जा रहल बाटे; वर्तमान में ई चिली देस के अटाकामा रेगिस्तान में अभिन अपने निर्माण के प्रक्रिया में बाटे। एकरा चालू होखे के संभावना साल 2024 में बाटे।[10] अटाकामा के रेगिस्तान में लगभग 3000 मीटर के ऊँचाई वाला सेरो अर्माजोनेस नाँव के पहाड़ के चोटी पर मौजूद ई खगोलीय दूरबीन एह कारण लगावल जा रहल बा कि इहाँ आसमान साल भर बिना बादर के रहे ला।

दूरबीन के डिजाइन एक ठो रिफ्रेक्टिंग दूरबीन के बा जेह में पहिला सीसा (कई टुकड़ा के जोड़ के बनावल लेंस) 39.3-मीटर-डाया (126 फीट) के आ दूसरा सीसा 4.2-मीटर-डाया वाला बाटे। एकरा बतावल जा रहल लच्छन के मोताबिक ई बन जाई तब हबल दूरबीन के तुलना में 16 गुना साफ़ तस्वीर ले सकी।[11]

11 जून 2012 के ईएसओ काउंसिल द्वारा ईएलटी प्रोग्राम के योजना के जमीनी काम करे के मंजूरी मिल गइल जेवना से सिविल इंजीनियरी से संबंधित काम शुरू हो सके, जबकि खुद एह दूरबीन के निर्माण के काम अभी ना सुरु भइल काहें कि कई अन्य देस सभ से समझौता करे के रहल।[12] ईएलटी के साइट पर काम 2014 में सुरू हो गइल।[4] दिसंबर 2014 ले ईएसओ द्वारा 90% फंडिंग के जोगाड़ क लिहल गइल आ दूरबीन के निर्माण के आधिकारिक सुरुआत के भी मंजूरी मिल गइल। एह दूरबीन के पहिला फेज के निर्माण में कुल 1 बिलियन (100 करोड़) यूरो के खरचा बइठी।[13] दूरबीन के काम करे के सुरुआत के अंतरिक्ष बिज्ञान के भाषा में "पहिली रोशनी" (फस्ट लाइट) कहल जाला, यानि जब पहिली बेर एहमें प्रकाश के किरन प्रवेश करे ले, आ एह दूरबीन खातिर ई क्षण साल 2024 में आई।[5]

इहो देखल जाय[संपादन]

संदर्भ[संपादन]

  1. "World's biggest telescope to be located on Cerro Armazones, Chile"; Astronomy magazine; 2010-04-28; पहुँचतिथी 2011-08-17. 
  2. Schöck, M.; Els, S.; Riddle, R.; Skidmore, W.; Travouillon, T.; Blum, R.; Bustos, E.; Chanan, G.; Djorgovski, S. G.; Gillett, P.; Gregory, B.; Nelson, J.; Otárola, A.; Seguel, J.; Vasquez, J.; Walker, A.; Walker, D.; Wang, L. (1 April 2009); "Thirty Meter Telescope Site Testing I: Overview"; Publications of the Astronomical Society of the Pacific 121 (878): 384–395; Bibcode:2009PASP..121..384S; arXiv:0904.1183; doi:10.1086/599287. 
  3. "E-ELT Site"; ESO website; ESO; पहुँचतिथी 25 July 2013; The median seeing is 0.67 arcsec at 500nm with a median coherence time of 3.5 ms. 
  4. 4.0 4.1 James Vincent (19 June 2014); "European Extremely Large Telescope to break ground (using dynamite) live later today"; The Independent. 
  5. 5.0 5.1 "Groundbreaking for the E-ELT"; ESO; 19 June 2014. 
  6. http://www.eso.org/public/news/eso1419/.
  7. 7.0 7.1 7.2 The E-ELT Construction Proposal, ESO, 2011-12-02, पहुँचतिथी 2014-06-22 
  8. https://www.eso.org/sci/libraries/SPIE2010/7735-84.pdf.
  9. "E-ELT ENCLOSURE"; ESO; 21 June 2011. 
  10. "World's largest telescope sets sights on 2024 unveiling" (अंग्रेज़ी मे); डायेचविले; 27 मई 2017; पहुँचतिथी 28 मई 2017. 
  11. ESO; "THE EUROPEAN EXTREMELY LARGE TELESCOPE ("E-ELT") PROJECT". 
  12. Amos, Jonathan (11 June 2012); "European Extremely Large Telescope given go-ahead"; BBC News; पहुँचतिथी 11 June 2012. 
  13. "Construction of Extremely Large Telescope Approved"; Spaceref; 4 December 2014. 

बाहरी कड़ी[संपादन]