मोसुल

विकिपीडिया से
मोसुल
الموصل
फरात नदी, पुल आ बिसाल महजिद
फरात नदी, पुल आ बिसाल महजिद
Nickname: 
नीनवी
मोसुल is located in Iraq
मोसुल
मोसुल
Coordinates: 36°20′N 43°08′E / 36.34°N 43.13°E / 36.34; 43.13निर्देशांक: 36°20′N 43°08′E / 36.34°N 43.13°E / 36.34; 43.13
देसईराक
गवर्नरेटनीनवी गवर्नर्स
Elevation223 m (732 ft)
Population
 (2015)
 • City664,221
 • Urban
नामालूम (अनुमान 750,000 आ 1,500,000 के बीच में[2]
 यूएन आँकड़ा1987[3]
Demonymमोसलवी
Time zoneUTC+3 (अरबी मानक समय)
Area code60
मोसुल के उपबिभाग
मोसुल आ एकरे हिस्सा सभ के नक्सा

मोसुल (अरबी: الموصل - अल-मोसुल) उत्तरी ईराक में एगो प्रमुख शहर बा। दजला नदी एह शहर के दू भाग में बाँटे ले। अक्टूबर 2016 ई शहर लड़ाई के मैदान बनल बा काहें कि ई शहर जून 2914 से जुलाई 2017 ले आइएसआइएस के कब्ज़ा में रहल ह। मोसुल के लड़ाई अक्टूबर 2016 में सुरू भइल आ साल 2003 के अमेरिकी हमला के बाद से ईराक के सेना द्वारा अबतक ले के सभसे बड़ मलेटरी अभियान बा।[4] मार्च 2017 ले पूरबी मोसुल ईराकी सेना के कब्ज़ा में रहल आ पच्छिमी मोसुल के छोटहन हिस्सा आइएस के बंधक रहल। इराक के परधानमंत्री हैदर अल-अब्बासी 9 जुलाई 2017 के मोसुल के पूरा तरीका से आजाद होखे के घोषणा के तइयारी कइलेन।[5] अगिला दिने एकर औपचारिक घोषणा कइल गइल।[6]

ईराक के राजधानी बग़दाद से लगभग 400 किलोमीटर उत्तर ओर, मोसुल शहर दजला (टाइग्रिस) नदी के पच्छिमी किनारा पर बसल शहर बा, पूरबी किनारा पर पुराना असीरियाई साम्राज्य के नीनवी शहर बा। बाद में आबादी आ शहर के बिस्तार के बाद अब नदी के दूनो ओर के हिस्सा एह शहर में आ गइल बाने आ नदी के बहाव के दिसा के अनुसार इहाँ के लोकल लोग बायाँ हिस्सा आ दाहिना हिस्सा के नाँव से इनहन के बोलावे ला।


संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Gladstone, Philip (10 February 2014). "Synop Information for ORBM (40608) in Mosul, Iraq". Weather Quality Reporter. Retrieved 16 जून 2014.
  2. "Iraqi City of Mosul Transformed a Year After Islamic State Capture". Wall Street Journal.
  3. "UNSD Demographic Statistics". United Nations Statistics Division 1987.
  4. Hawramy, Fazel; Harding, Luke (20 अक्टूबर 2016). "Iraqi and Kurdish forces close in on Mosul after making quick gains". दि गार्जियन. Retrieved 20 अक्टूबर 2016.
  5. Mosul: Iraq PM to celebrate victory over IS in the city BBC, 9 जुलाई 2017
  6. "Battle for Mosul: Iraq PM Abadi formally declares victory". BBC. 10 जुलाई 2017. Retrieved 10 जुलाई 2017.