मैदा
Jump to navigation
Jump to search
मैदा आटा के जइसन ही गेंहू से बनल एक प्रकार के चूर्ण (बुकनी) ह, जवन मैदा मील में पीस के बनेला। मैदा मील मैदा बनावे खातिर अलग एक प्रकार के मील होखेला। मैदा बनावे खातिर गेंहू के पहिले अच्छा तरह से साफ करल जाऽला, साफ आ सुखल गेंहू के दाना के पहिले ऊपर वाला परत हटावल जाऽला। इंहा ध्यान देवे वाली बात ई बा कि गेंहू के पोषक तत्व आ प्रोटीन ऊपर वाला परत में ही होखेला।
दाना के ऊपरी हिस्सा साफ कऽ दिहला से गेंहू पूरा उज्जर हो जाऽला। साफ करे के दौरान गेंहू मोट- मोट टुकड़ा में टूट जाला, जेमें से भुशी निकाल दिहल जाला, इहे मोट मोट दाना सूजी कहाला। अंतिम चरण में इहे दाना कुल के पीस के बुरादा (मेही बुकनी) बना दिहल जाला, जवन मैदा कहाला।
संदर्भ[संपादन करीं]
ई भोजन-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |