मूल निवासी (इकोलॉजी)

विकिपीडिया से

जीव भूगोल में, कौनों प्रजाति के मूल निवासी (Indigenous) के रूप में परिभाषित कइल जाला, जब ऊ कौनों इलाका (प्रदेश) भा इकोसिस्टम के प्राकृतिक रूप से हिस्सा होखे, बिना मनुष्य के हस्तक्षेप के उहाँ पावल जात होखे।[1] अंग्रेजी में बैज्ञानिक भाषा में एकरा के "इंडीजीनस" (indigenous) आ आम भाषा में "नेटिव" (native) कहल जाला। सगरी प्राकृतिक जीवधारी सभ (अगर ऊ पालतू या मनुष्य द्वारा अपनावल ना गइल होखें, या पौधा सभ जिनके मनुष्य खेती न करत होखे) आमतौर पर कौनों खास इलाकाई बिस्तार क्षेत्र वाला होलें - उहे इलाका उनहन के मूल इलाका कहाला। एह मूल इलाका से बाहर अगर ऊ जीवधारी मनुष्य द्वारा कौनों तरीका से ले जाइल गइल होखें, तब ओह बाहरी इलाका में ऊ मनुष्य द्वारा बिस्तारित "इंट्रोड्यूस्ड स्पीशीज" (introduced species) कहालें।

कौनों मूल निवासी प्रजाति जरूरी तौर पर "मूलोत्पत्ति स्थानी" या (endemic) होखे इहो जरूरी नइखे। जीव बिज्ञानइकोलॉजी में, कौनों इलाका में एंडेमिक ओह जीवधारी सभ के कहल जाला जिनहन के उत्पत्ति भा उद्भव (इवोल्यूशन) भी ओही इलाका में भइल होखे।

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. CEQ (1999). Executive Order 13112.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]