मूँगा (रतन)
Appearance
| मूँगा (रतन) | |
|---|---|
| बैज्ञानिक वर्गीकरण | |
| किंगडम: | एनिमेलिया (Animalia) |
| फाइलम: | Cnidaria |
| क्लास: | Anthozoa |
| ऑर्डर (Order): | Alcyonacea |
| परिवार: | Coralliidae |
| जाति (Genus): | Corallium कूवियर, 1798 |
| प्रजाति | |
|
31 प्रजाति | |
मूँगा चाहे मूंगा एक किसिम के समुंद्री जीव मूँगा के एगो खास जाति सभ के खोल के बनल चट्टानी चीज हवे जे लाल, गुलाबी भा सफ़ेद रंग के मजबूत पाथर नियर होला आ एकर इस्तेमाल बिबिध किसिम के गहना बनावे, अंगुठी में रतन के रूप में पहिरे में कइल जाला। हिंदू ज्योतिष में एकरा के मंगल ग्रह के रतन मानल जाला आ मंगल के मजबूती देवे खाती पहिरल जाला या दान कइल जाला।