Jump to content

मीटर (कबितई)

विकिपीडिया से

कबितई (पोएट्री) में, मीटर (metre/meter) कौनों वर्स (verse) भा वर्स के लाइन के बेसिक लय के ढाँचा होला। कई पारंपरिक कविता–रूप में निश्चित मीटर तय होखेला, या कई गो मीटर मिल–जुल के खास क्रम में आवेला। ई बिधान संस्कृत, हिंदी आ भोजपुरी के छंद के समकक्ष आ उर्दू के बह्र के समकक्ष मानल जा सके ला।

मीटर आ छंद–विधान के पढ़ाई आ ओकर असल इस्तेमाल — दुनो के अंग्रेजी में प्रोसोडी कहल जाला जे भारतीय कॉन्सेप्ट छंदबिज्ञान से समकक्ष बाटे। पच्छिमी भाषाविज्ञान में “प्रोसोडी” के मतलब अउरी बड़ा होला। एहमें खाली काव्य–मीटर ना, बल्कि गद्य के लयात्मक पहलू — चाहे औपचारिक होखे चाहे अनौपचारिक — भी समाइल बा, जवन भाषा–भाषा आ कई बेर कविता–परंपरा के हिसाब से बदलत रहे ला।

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  • छंद (हिंदी, संस्कृत में)
  • बह्र (फ़ारसी, तुर्की आ उर्दू में)