मिस्ट्रल
Appearance
The winds of the Mediterranean |
---|
मिस्ट्रल (अंग्रेजी: Mistral)[1] एगो तेज, ठंढा आ उत्तर-पच्छिम दिसा से बहे वाली लोकल हवा हवे जे फ्रांस के दक्खिनी हिस्सा से लियोन के खाड़ी (उत्तरी भूमध्य सागर) के ओर बहे ले। साधारन तौर पर ई हवा जाड़ा आ बसंत में बहे ले, दुनों के बीचा में एकर तेजी सभसे बेसी होला। ई हवा कई दिन लगातार बह सके ला। फ़्रांस में ई तूफानी ठंढा हवा के रूप में रोन नदी के निचली घाटी आ दुरांस नदी के निचली घाटी से भूमध्य सागर के ओर बहे ले।
एह हवा के 30 किमी/घं (19 मील/घं; 8.3 मी/से; 16 kn) से बेसी के स्पीड में पैंसठ घंटा से बेसी के समय ले लगातार बहे के घटना रिपोर्ट कइल गइल बाटे।[2]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "mistral | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 22 अप्रैल 2022.
- ↑ "World Wind Regimes – Mediterranean Mistral Tutorial,U.S. Naval Research Laboratory, Marine Meteorologial Divisio". Archived from the original on 2022-05-08. Retrieved 2022-04-22.
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |