मानुस

मानुस (संस्कृत: मनुष्य, अंग्रेजी: human) पृथिवी पर पावल जाए वाला सभ प्राणिन में सभसे बेसी बिकसित प्राणी हवे। मनुष्य प्राइमेट (कपि वर्ग) के सबसे बेसी संख्या आ सबसे बेसी बिस्तार वाला प्रजाति हवे। मनुष्य एगो स्तनधारी, सीधा चल सके वाला, संकेत की रूप में (इशारा से) एक दूसरा से संबाद क सके वाला आ भाषा क इस्तेमाल करे वाला अउरी अपनी खुद की सोच बिचार करे की क्रिया की बारे में सोच सके वाला जंतु (प्राणी) हवे। अउरी मुख्य जीव बैज्ञानिक बिसेसता सभ में दू गो पैर पर चले के क्षमता, शरीर पर अपेक्षाकृत कम बार, आ बड़हन आ जटिल मस्तिष्क (दिमाग) शामिल बा। एही बिकसित दिमाग के चलते मानुस प्रजाति उन्नत तकनीक, संस्कृति आ भाषा के बिकास करे में सफल भइल बा।
मनुष्य बहुत सामाजिक प्राणी हवे आ आमतौर पर जटिल सामाजिक बेवस्था में रहेला। ई व्यवस्था परिवार, रिश्तेदारी के समूह से लेके राजनीतिक राज्य तक, एक-दूसरा के सहयोग करे आ कंपटीशन करे वाला अनेकन समूह सभ से मिल के बनल होले। मनुष्य के आपसी मेल-जोल से अनेक किसिम के नैतिक मूल्य (वैल्यू), सामाजिक मानदंड आ रीति-रिवाज बिकसित भइल बाड़ें, जे समाज के मजबूत बनावेलें। जिज्ञासा आ अपना आसपास के वातावरण के समझे आ प्रभावित करे के इच्छा, मनुष्य के बिज्ञान, दर्शन, धर्म, मिथ आ ज्ञान के अनेक दूसर क्षेत्रन के बिकास करे खातिर प्रेरित कइले बा।
संदर्भ
[संपादन करीं]| ई समाज भा समाजशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |