मानुषी छिल्लर
ब्यूटी पेजेंट टाइटिल बिजेता | |
![]() | |
जनम | रोहतक,[1] हरियाणा, भारत | 14 मई 1997
---|---|
निवास | सोनीपत, दिल्ली |
पढ़ाई | सेंट थॉमस स्कूल भगत फूल सिंह मेडिकल कालेज |
पेशा |
|
लंबाई | 1.75 मी (5 फुट 9 इंच)* |
बार | भूअर |
आँख | भूअर |
टाइटिल | फेमिना मिस इंडिया 2017 मिस वल्ड 2017 |
प्रमुख प्रतियोगिता | फेमिना मिस इंडिया 2017 (बिजेता) मिस वर्ल्ड 2017 (बिजेता) |
मानुषी छिल्लर (जनम 14 मई 1997) एगो भारतीय मॉडल आ ब्यूटी पेजेंट बिजेता बाड़ी। इनका के साल 2017 के बिस्व सुंदरी के खिताब मिलल बा। 18 नवंबर 2017 के भइल बिजेता घोषणा में इनके चुनल गइल आ एह तरीका से सतरह साल बाद ई टाइटिल जीते वाली भारतीय बनल बाड़ी। इनका से पहिले प्रियंका चोपड़ा साल 2000 में मिस वर्ल्ड के ख़िताब जितले रहली।
जिनगी आ कैरियर
[संपादन करीं]सुरुआती आ निजी जिनगी
[संपादन करीं]मानुषी छिल्लर के जनम भारतीय राज्य हरियाणा के एगो जाट परिवार में भइल। इनके बाबूजी, डाक्टर मित्र बसु छिल्लर, डीआरडीओ में बैज्ञानिक हवें, जबकि माई, नीलम छिल्लर, न्यूरो के डाक्टर हई आ इंस्टीटयूट ऑफ ह्यूमन बिहैवियर एंड एलायड साइंसेस में न्यूरोकेमिस्ट्री बिभाग के अध्यक्ष हई।[2]
छिल्लर के सुरुआती पढ़ाई दिल्ली के सेंट थॉमस स्कूल में भइल आ वर्तमान में ई सोनीपत के भगत फूल सिंह मेडिकल कालेज से डाक्टरी के पढ़ाई क रहल बाड़ी।[3][4] छिल्लर कुचिपुड़ी डांस के ट्रेनिंग भी लिहले हई। कुचिपुड़ी के ट्रेनिंग परसिद्ध राजा आ राधा रेड्डी आ कौशल्या रेड्डी के इहाँ भइल हवे। छिल्लर नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा में भी कुछ दिन बिद्यार्थी रहल बाड़ी।[5]
सौंदर्य प्रतियोगिता
[संपादन करीं]25 जून 2017 के छिल्लर फेमिना मिस इंडिया 2017 में हरियाणा राज्य के ओर से भाग लिहली।[6] एह प्रतियोगिता में इनके मिस फोटोजेनिक के खिताब मिलल आ ई प्रतियोगिता में भी बिजेता बनली, बिजेता के रूप में इनके मिस वल्ड कंपटीशन में भारत के ओर से सामिल होखल भी तय हो गइल।[7][8][9][10]
मिस वल्ड 2017 प्रतियोगिता में छिल्लर टॉप मॉडल, पीपल्स च्वाइस आ मल्टीमीडिया कंपटीशन सभ में सेमी फाइनल में चहुँपली, आ ब्यूटी विद अ परपज के सह-बिजेता रहली। छिल्लर के परपज प्रोजेक्ट के नाँव प्रोजेक्ट शक्ति रहल स रह कैंपेन के मकसद माहवारी के दौरान साफ-सफाई के बारे में जागरूकता फइलावल रहे।[11] She visited about 20 villages for the project and treated over 5,000 women.[12] 18 नवंबर 2017 के छिल्लर के मिस वल्ड के ताज पहिरावल गइल। परंपरा के मोताबिक, पछिला साल के मिस वल्ड स्टीफनी देल वाले इनके ई ताज पहिरवली। साल 2000 में प्रियंका चोपड़ा के एह ताज जीते के बाद से पहिली बेर कौनों भारतीय के ई ताज दोबारा हासिल भइल बा।[13][14]
संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ Singh, Swati (25 November 2017). "Haryana girl brings back the coveted 'blue crown' to India". The Sunday Guardian. Indo-Asian News Service (IANS). Archived from the original on 8 December 2017. Retrieved 8 December 2017.
{{cite news}}
: Unknown parameter|dead-url=
ignored (help) - ↑ "DRDO, friends and family celebrate Manushi Chillar's Miss India victory". Indiatimes. जुलाई 6, 2017.
- ↑ "Femina Miss India World 2017: Haryana girl Manushi Chhillar walks away with crown, title". First Post. जून 25, 2017.
- ↑ "Haryana girl Manushi Chhillar is Femina Miss India World 2017". Hindustan Times. जून 25, 2017. Retrieved जून 26, 2017.
- ↑ "5 unknown facts about Miss India Haryana 2017". Indiatimes. अप्रैल 17, 2017. Archived from the original on 2017-08-14. Retrieved जून 26, 2017.
- ↑ "Haryana is a state of farmers and fighters: Manushi Chhillar". Indiatimes. Jun 8, 2017. Archived from the original on December 22, 2021. Retrieved November 19, 2017.
- ↑ "Leaving Behind 29 Contestants, Haryana Girl Manushi Chhillar Wins 54th Femina Miss India Title". Times Of India. जून 26, 2017.
- ↑ "Manushi Chhillar from Haryana wins the title of Miss India 2017". Yahoo. जून 26, 2017.
- ↑ "My idol is Reita Faria: Miss India World Winner Manushi chhillar". Eastern Mirror. जून 28, 2017. Archived from the original on 2018-09-15. Retrieved 2017-11-19.
- ↑ "Manushi Chhillar from Haryana wins the title of Miss India 2017". India Today. जून 25, 2017.
- ↑ "Miss India World 2017 Manushi Chhillar on her mission". Gulf News. जुलाई 2, 2017. Retrieved जुलाई 2, 2017.
- ↑ "I am going to make sure that the world remembers India: Manushi Chhillar". Indiatimes. अक्टूबर 22, 2017. Archived from the original on 2021-12-22. Retrieved 2017-11-19.
- ↑ Ranjan, Richa (18 November 2017). "Manushi Chhillar crowned as Miss World 2017". Femina.
- ↑ "India's Manushi Chillar crowned 'Miss World 2017'". Retrieved 18 November 2017.
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]Awards and achievements | ||
---|---|---|
पहिले ![]() |
मिस वल्ड 2017 |
बाद में [to be determined] |
पहिले प्रियदर्शिनी चटर्जी |
फेमिना मिस इंडिया 2017 |
बाद में [to be determined] |