Jump to content

माउंट एवरेस्ट

विकिपीडिया से
(माउन्ट एवरेस्ट से अनुप्रेषित)
एवरेस्ट पर्वत
सगरमाथा (Sagarmāthā)
ཇོ་མོ་གླང་མ (Chomolungma)
珠穆朗玛峰 (Zhūmùlǎngmǎ Fēng)
दक्षिण से खिंचल गइल हवाई फोटो, नुप्तसे आ ल्होत्से पर्वत के पीछे से
Highest point
ऊँचाई8,848.86 मी (29,031.7 फीट)[1]
प्रथम स्थान रैंकिंग
टोपो प्रामिनेंस8,848.86 मी (29,031.7 फीट)
प्रथम स्थान रैंकिंग
(Notice special definition for Everest)
लिस्टिंगसात शिखर
अठहजरिया
देश के सर्वोच्च बिन्दू
अल्ट्रा
भूगोल
एवरेस्ट के अवस्थिती, नेपाल - तिब्बत, चीन सीमा
Locationसोलुखुम्बु जिला, नेपाल [2]
मूल परबत श्रेणीमहालंगुर हिमाल, हिमालय
चढ़ाई
पहिली चढ़ाई29 मई 1953
एडमंड हिलेरीतेनजिंग नोर्गे
(जाड़ा में पहिली चढ़ाई 1980 Leszek Cichy आ Krzysztof Wielicki[3][4])
सहज रूटसाउथ कॉल (नेपाल)

माउंट एवरेस्ट बिस्व के सभसे ऊँच परबत चोटी हऽ। ई हिमालय के महालंगुर हिमाल नाँव के परबत श्रेणी में बाटे। एहिजा से नेपालतिब्बत (चीन) के बाडर गुजरे ला। एकरा के सगरमाथा (नेपाली) आ चोमोलुन्गमा (तिब्बती) नाँव से भी जानल जाला।

एह परबत चोटी के ऑफिशियल ऊँचाई 8,848.86 मी (29,032 फीट) मानल जाला।[5] ऊँचाई के नापजोख 1955 में भारतीय सर्वेक्षण में भइल जेकरा बाद में चीनी सर्वेक्षण कन्फर्म कइल। कुछ दिन ले नेपाल आ चीन में एकरे ऊपर असहमती रहल कि बर्फ वाली ऊँचाई 8848 मीटर (नेपाली दावा) के मानल जाव कि चट्टानी ऊँचाई 8844 मीटर (चीन के दावा) के मानल जाय। एगो समझौता में चीन नेपाली दावा के मान लिहलस आ नेपालो चट्टानी ऊँचाई के मान के अलग से पहिचान लिहलस।

एकर वर्तमान नाँव, 1865 में लंदन में मौजूद रॉयल ज्याग्रफिकल सोसाइटी द्वारा, ओह समय में भारत के सर्वेयर जनरल एंड्रयू वाघ के सुझाव पर रखल गइल; वाघ अपना से पहिले सर्वेयर जनरल रहल सर जार्ज एवरेस्ट के नाँव पर रखे के सलाह दिहलें हालाँकि, एवरेस्ट खुद एह बात से सहमत ना रहलें।

  1. Based on the 1999 and 2005 surveys of elevation of snow cap, not rock head. For more details, see Surveys.
  2. अंतराष्ट्रिय सीमा पर एवरेस्ट के चोटी के स्थान विस्तृत स्थलाकृतिक मानचित्रण पर साफ साफ देखावल गइल बा, नेपाल के अधिकारिक मानचित्र के साथ में.
  3. Starr, Daniel (18 मार्च 2011). "Golden Decade: The Birth of 8000m Winter Climbing". Alpinist.com. Retrieved 28 मई 2013.
  4. "Mt Everest History and facts". Mnteverest.net. Archived from the original on 1999-05-08. Retrieved 29 मई 2013.
  5. "Mount Everest is two feet taller, China and Nepal announce". National Geographic. Retrieved 8 December 2020.