महावीर जयंती

विकिपीडिया से
महावीर जयंती
वर्धमान महावीर के मुर्ती, मदुरै, तमिलनाडु में।
अन्य नाँवमहावीर जन्म कल्याणक
मनावे वालाजैन लोग
प्रकारधार्मिक
महत्त्वभगवान महावीर के जनम के उपलक्ष में
मनावे के तरीकाजैन मंदिर में जाइल
Observancesप्रार्थना, पूजा आ धार्मिक करमकांड
समयचइत सुदी तेरस (वीर निर्वाण संवत)
केतना बेरसालाना

महावीर जयंती, भा महावीर जन्म कल्याणक जैन धर्म के माने वाला लोग के एगो तिहुआर हवे जे भगवान महावीर के जनम के उपलक्ष में मनावल जाला। ई तिहुआर चइत महीना के अँजोर पाख के तेरस तिथी के मनावल जाला आ आमतौर प अंग्रेजी कैलेंडर के हिसाब से मार्च भा अप्रैल के महीना में पड़े ला।[5] महावीर, जैन धर्मं के 24वाँ आ अंतिम तीर्थंकर[नोट 1] रहलें।

जनम[संपादन करीं]

परंपरा अनुसार महावीर के जनम वज्जि गणराज्य के वैशाली के लगे कुंडग्राम में मानल जाला।[6] ज्यादातर इतिहासकार लोग वसुकुंड के रूप में एकर पहिचान करे ला।[7] जैन ग्रंथ सभ के मोताबिक इनके जनम चैत्र मास शुक्लपक्ष के त्रयोदशी (चइत सुदी तेरस) के भइल आ साल 599 ईसा पूर्व रहल।[8][9]

महावीर के नाँव वर्धमान रखल गइल रहे, अरथ "बढ़े वाला", काहें कि इनके जनम के समय राज्य में धन-संपति के बढंती होखत रहे।[10] वासोकुंड में, गाँव-गिराँव के लोग महावीर के बहुत माने ला; एगो परिवार के जमीन "अहल्या भूमि" (जेपर हर न चलावे के होखे) के रूप में लगभग चार सौ बरिस से बिना जोतले रखल गइल बा जे महावीर के जनमभूईं मानल जाले।[6]


इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

टीका-टिप्पणी[संपादन करीं]

  1. descending half of the worldly time cycle as per Jain cosmology which is actually current now

हवाला[संपादन करीं]

  1. "Rajasthan Government Official Site".
  2. "Karnataka Government".
  3. "2017 Marathi Calendar Panchang".
  4. "मार्च 2018 Marathi Calendar Panchang".
  5. Gupta, K.R. (2006). Concise Encyclopaedia of India. Atlantic Publishers & Dist. p. 1001. ISBN 9788126906390. Retrieved 6 May 2017.
  6. 6.0 6.1 Jalaj 2011, p. 4.
  7. "Row over Mahaveer's birthplace". दि टाइम्स ऑफ इंडिया.
  8. (India), Gujarat (1975). Gazetteers: Junagadh. p. 13.
  9. Kristi L. Wiley: Historical Dictionary of Jainism, Lanham 2004, p. 134.
  10. Kailash Chand Jain 1991, p. 32.

स्रोत ग्रंथ[संपादन करीं]

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]