मर्चा चाउर

विकिपीडिया से

मर्चा चाहे मेरचा[1] एक किसिम के धान (चाउर) हवे जे भारतीय राज्य बिहार के पच्छिमी चंपारन जिला के खास उपज हवे। ई महकउवा चाउर होला जे काली मरिच नियन होखे ला जेकरा चलते एकर ई नाँव पड़ल हवे।

2023 में एकरा के ज्याग्राफिकल इंडिकेशन टैग (जीआई टैग) दिहल गइल। एकरा चलते एह चावल के इंटरनेशनल लेवल पर ब्रांडिग आ एक्सपोर्ट होखे के संभावना बतावल गइल बाटे।[2][3]

इहो देखल जाय[संपादन करीं]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "पश्चिमी चंपारण के सुगंधित मर्चा चावल को मिला GI टैग, वैश्विक स्तर पर होगी ब्रांडिंग, जानें इसकी खासियत". Prabhat Khabar (हिंदी में). 4 अप्रैल 2023.
  2. "'Marcha rice' bags GI tag". The Times of India. 8 अक्टूबर 2023. Retrieved 8 नवंबर 2023.
  3. "Bihar's aromatic 'Marcha Rice' gets GI tag". The Economic Times. 5 अप्रैल 2023.