मधुछत्ता

The lower part of the natural comb of Apis dorsata has a number of unoccupied cells.
मधुमाखी के छाता भा मधुछत्ता मोम के बनल षटकोंण के आकृति के कइयन गो खाना सभ के बनल संरचना होला। ई अक्सरहा प्राकृतिक रूप से फेड़ के डाढ़ भा बिल्डिंग के कोना-किनारा भा छत या बरजा से लटकल देखल जा सके ला। एह षटकोंण खाना सभ के रचना में इस्तेमाल होखे वाला मोम भी मधुमाखी सभ खुदे बनावे लीं, एह मोम से धीरे-धीरे छाता नियर रचना बनावत चल जालीं, एह खाना सभ में या त मधु भरल रहे ला या फिर मधुमाखी सभ के अंडा आ लार्वा होखे लें। लार्वा जबले बड़ ना हो जालें आ पाँख ना जाम जाला, एही मधु पर पले लें।

Honeycomb with eggs and larvae
संदर्भ[संपादन करीं]
![]() | ई जीव बिज्ञान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |