भूगोलीय आँकड़ा आ जानकारी

विकिपीडिया से

भूगोलीय आँकड़ा आ जानकारी अइसन जानकारी होला जेह में कौनों न कौनों तरीका से बाकी बिसेसता सभ के साथ कौनों चीज के धरती पर लोकेशन[1] के बारे में भी जानकारी जरूर जुड़ल होखे। मने कि जवना चीज के बारे में जानकारी होखे, ओह चीज के लोकेशन भी आंकड़ा के हिस्सा होखे। परंपरागत रूप से अइसन आँकड़ा नक्सा के रूप में देखावल जात रहल।[2]

अइसन आँकड़ा सभ के अउरी कई नाँव से जानल जाला: जियोइन्फार्मेशन, जियोस्पेशियल डेटा, जियोरिफरेंस्ड डेटा, जियोकोडेड डेटा वगैरह एकर प्रमुख नाँव बाने।

भूगोलभूसूचनाबिज्ञान में, जीआइएस में, एह आँकड़ा सभ के दू कंपोनेंट (घटक) में बाँटल जाला - स्पेशियल डेटा, आ एट्रीब्यूट डेटा। यानी भूगोलीय आँकड़ा के ऊ हिस्सा जवन लोकेशन के बारे में में जानकारी होखे स्थानिक आँकड़ा कहाला आ बाकी जानकारी आ लच्छन सभ के गैर-स्थानिक भा नॉन-स्पेशियल या एट्रीब्यूट डेटा कहल जाला।

एगो अनुमान के मोताबिक सरकारी आंकड़ा सभ के 90% हिस्सा अइसन होला जे में जगह के बारे में जानकारी जरूर होखे ले।[3]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "Terms". Isotc211.org. 2016-06-28. Retrieved 2018-08-30.
  2. Tor Bernhardsen (23 May 2002). Geographic Information Systems: An Introduction. John Wiley & Sons. pp. 4–. ISBN 978-0-471-41968-6.
  3. Romero, Melissa. "New Atlas tool has everything you need to know about Philly properties". Curbed. Retrieved 7 नवंबर 2017.

बाहरी कड़ी[संपादन करीं]