भारत में पानी प्रदूषण
Appearance
भारत में पानी प्रदूषण एगो गम्हीर पर्यावरणी समस्या आ मुद्दा बाटे। पानी प्रदूषण के मुख्य सोर्स बिना शोधल सीवेज (शहरी गंदा नाला सभ के पानी) बाटे।[1] एकरे अलावा उद्योग सभ से निकले वाला पानी जे साफ कइले नदी चाहे झील में पहुँच जाला, खेती से धोआ के पहुँचल रासायनिक खाद आ कीटनाशक आ ठोस कचड़ा सभ एह देस में पानी के प्रदूषण के कारन बाड़ें।[2]
एगो रपट के हिसाब से भारत में लगभग 70% सतही पानी गंदा बाटे जेकरा के पीयल ना जा सके ला।[3][4]
इहो देखल जाय
[संपादन करीं]संदर्भ
[संपादन करीं]- ↑ "Evaluation Of Operation And Maintenance Of Sewage Treatment Plants In India-2007" (PDF). Central Pollution Control Board, Ministry of Environment & Forests. 2008.
- ↑ "Water Quality Database of Indian rivers, MoEF". Retrieved 15 September 2016.
- ↑ "Water pollution is killing millions of Indians. Here's how technology and reliable data can change that". World Economic Forum (अंग्रेजी में). Retrieved 9 मई 2020.
- ↑ मूर्ति, एम. एन.; कुमार, सुरेंद्र (2011). "Water Pollution in India: An Economic Appraisal" (PDF). idfc.com (अंग्रेजी में). Archived from the original (PDF) on 2020-01-10. Retrieved 9 मई 2020.
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई भारत-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |