Jump to content

भारतीय मानक समय

विकिपीडिया से
(भारत के समय क्षेत्र से अनुप्रेषित)
सीमा के साथ लागल देस सभ के तुलना में आइऍसटी

भारतीय मानक समय (Indian Standard Time) या आइऍसटी (IST) एक ठो समय हवे जे भारतश्री लंका में मानक समय के रूप में मानल जाला, आ एकर टाइम ऑफसेट यूटीसी+05:30 हवे। भारत में डेलाइट बचत समय (DST) या कौनों अन्य सीजनल बदलाव ना कइल जाला। मलेटरी आ एविएशन में आइएसटी के E* ("एको स्टार") के नाँव से पहिचानल जाला।[1]

भारतीय मानक समय के गणना 82.58° पूर्ब देशांतर, जे शंकरगढ़ किला, मिर्जापुर (25°09′N 82°35′E / 25.15°N 82.58°E / 25.15; 82.58) (उत्तर प्रदेश के मिर्जापुर जिला में मौजूद) से होला जे लगभग ओही रेखा पर बाटे जवना के संदर्भ देशांतर मानल जाला।[2]

टीजेड डेटाबेस में एकरा के एशिया/कोलकाता के नाँव से पहिचानल जाला।

1947 में आजादी से पहिले भारत में कई गो टाइम जोन आ समय प्रचलित रहे। आजादी के बाद भारत सरकार, पूरा देस खातिर एक ठो टाइम जोन निश्चित क दिहलस जवना के भारतीय मानक समय नाँव दिहल गइल। हालाँकि, एकरे बाद भी कलकत्ता आ बंबई आपन लोकल समय के,क्रमसे, 1948 आ 1955 ले इस्तेमाल कइलें।[3] पहिले केंद्रीय बेधशाला मद्रास में स्थापित रहल, एकरा के इलाहाबाद जिला के शंकरगढ़ ले जाइल गइल ताकि ई UTC +5:30 से ज्यादा-से-ज्यादा नजदीक रहे।

भारत में डे'लाइट सेविंग टाइम के इस्तमाल ना होला, हालाँकि, कुछ समय खातिर ई ब्यवस्था के चीन जुद्ध (1962) आ दुनों भारत-पाक लड़ाई (1965) आ (1971) में लागू कइल गइल रहे।[4]

इहो देखल जाय

[संपादन करीं]
  1. "Military and Civilian Time Designations" [मलेटरी आ सिविलियन समय नाँव]. ग्रीनिच मीन टाइम. Retrieved 2006-12-02.
  2. "Two-timing India". हिंदुस्तान टाइम्स. 2007-09-04. Archived from the original on 2013-05-09. Retrieved 2012-09-24.
  3. "Odds and Ends". Indian Railways Fan Club. Retrieved 2006-11-25.
  4. "India Time Zones". Greenwich Mean Time. Archived from the original on 2007-05-19. Retrieved 2006-11-25.

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]