भारत–नेपाल बॉर्डर

विकिपीडिया से
(भारत-नैपाल बॉर्डर से अनुप्रेषित)
भारत-नैपाल बॉर्डर
नेपाल के नक्शा, भारत दक्खिन में बाटै
Characteristics
Entities भारत  नेपाल
Length1,751 किलोमीटर (1,088 मील)
Enclave and exclavesना
History
Established1815
सुगौली के संधि (नेपाल आ ब्रिटिश राज के बीच)
Current shape15 अगस्त 1947
ब्रिटिश राज से भारत के आजादी
Treaties1950 भारत-नैपाल शांति आ मित्रता संधि

भारत-नेपाल बॉर्डर (India-Nepal border) भारतनेपाल के गणराज्य बीच एगो खुल्ला इंटरनेशनल बॉर्डर हवे। 1,770 किमी (1,099.83 मील) लंबा एह बॉर्डर में हिमालयी इलाका सभ के साथे-साथ एह उपमहादीप के इंडो-गंगेटिक मैदानवो के हिस्सा सामिल बा आ ई पहाड़ से सटल इलाका तराई के नाँव से जानल जाला। आजकाल बॉर्डर असल में नेपाल आ ब्रिटिश राज के बीच 1816 के सुगौली के संधि के बाद बनावल गइल रहल। यही चलन में चल आइल रहल बॉर्डर के भारत के आजादी के बाद नेपाल राज्य आ डोमिनियन ऑफ इंडिया के बीच के अंतर्राष्ट्रीय बॉर्डर के रूप में मान्यता दिया गइल।

कई जगह ई बौर्डर प्राकृतिक सीमा हवे जैसे की काली नदी आ नारायणी नदी के सीमा मानल गइल हवे। कई बेर नदी के रास्ता में बदलाव के चलते दुनों देसन के बीच बिबाद पैदा भइल बाटै।[1]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. "भारत-नेपाल का वो सीमा विवाद जिसे नदी के बदलते रास्ते ने जन्म दिया". BBC News हिंदी (हिंदी में).