भाप दाब
Jump to navigation
Jump to search
भाप दाब कौनों बंद सिस्टम में, थर्मोडाइनामिक इक्विलिब्रियम में निश्चित तापमान पर, भाप द्वारा एकरे ठोस/तरल अवस्था वाला पदार्थ पर पड़े वाला दाब हवे। भाप दाब एह बात के सूचक होला कि तरल पदार्थ केतना तेजी से भाप में बदली (इवैपोरेशन रेट)। कौनों पदार्थ के नार्मल ताप पर अगर भाप दाब बहुत बेसी होला, ओकरा के रसायन बिज्ञान में वोलाटाइल कहल जाला।
आसान भाषा में, कौनों तरल पदार्थ के सतह के ऊपर मौजूद भाप जेतना दबाव ओह सतह पर डाले ला ओही के भाप दाब कहल जाला। अगर तरल पदार्थ के तापमान बढ़े तब ओह में मौजूद अणु (मोलिक्यूल) सभ के काइनाटिक ऊर्जा (गति के ऊर्जा) बढ़े ले आ बेसी अणु भाप के रूप में बदले लागे लें, एकरे चलते भाप दाब भी बढ़ जाला।
संदर्भ[संपादन]
![]() | ई भौतिकी से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। ई लेख विकिप्रोजेक्ट भौतिकी का हिस्सा हवे। |
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |