Jump to content

भरत शर्मा

विकिपीडिया से
भरत शर्मा
Born (1957-08-01) अगस्त 1, 1957 (उमिर 66)
Nationalityभारतीय
Occupationगायक
Known forभोजपुरी लोकगीत, निर्गुन

भरत शर्मा व्यास (जनम: 1 अगस्त 1957[1]) भोजपुरी-भाषा के एगो जानल-मानल गायक हउवन। इनका के भोजपुरी निर्गुन बिधा के गीत से खास पहिचान मिलल हालाँकि, व्यास अउरी बिबिध किसिम के गाना भी खूब गवले बाने। व्यास भोजपुरी भाषा में लगभग साढ़े चार हजार गीत गा चुकल बाने आ एह भाषा के लोक गौरव आ भोजपुरी गायकी के शिखर पुरुष कहाने। इनका के 23 गो राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय पुरस्कार मिल चुकल बा।[1] हाले में (नवंबर 2018) में एगो संगीत समारोह में इनका के पद्मश्री से सम्मानित करे के मांग भी उठल रहे।[2]

टैक्स संबंधी मामिला में इन पर एक बेर टैक्स चोरी के भी आरोप लागल रहे।[3] भरत शर्मा राजनीति से भी जुड़ल बाने आ मई 2018 में इनका के दिल्ली भाजपा के संस्कृति प्रकोष्ठ के उपाध्यक्ष बनावल गइल।[4]

  1. 1.0 1.1 "फूहड़ता न थमी तो पहचान खो देगी भोजपुरी : भरत शर्मा व्यास". दैनिक जागरण. 10 अगस्त 2018. Retrieved 10 नवंबर 2018.
  2. "भरत शर्मा को पद्मश्री पुरस्कार की मांग". दैनिक जागरण. 4 नवंबर 2018. Retrieved 10 नवंबर 2018.
  3. "भोजपुरी गायक भरत शर्मा व्यास को जेल". प्रभात खबर. 23 मई 2017. Retrieved 10 नवंबर 2018.
  4. डिजिटल, झारखंड डेस्क (16 मई 2018). "भोजपुरी गायक भरत शर्मा व्यास बने दिल्ली भाजपा संस्कृति प्रकोष्ठ के उपाध्यक्ष". प्रभात खबर. Retrieved 10 नवंबर 2018.[मुर्दा कड़ी]

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]