Jump to content

बुटी

विकिपीडिया से

बुटी (butte) एगो जमीनी कटाव से बने वाला थलरूप हवे जे एगो अकेल खड़ा पहाड़ी नियर होला जेकरे ऊपरी हिस्सा में खड़ा ढाल पावल जाला आ ऊपर के सतह लगभग सपाट होखे ले। ई एकरे ले बड़हन थलरूप मेसा नियर निर्माण प्रक्रिया वाला होला बाकी मेसा से साइज में छोट होखे ला। भूगोल में ई आम चलन के नियम हवे कि जेकरे खड़ा ढाल वाला बिस्तार से ऊपर के सतह वाला हिस्सा छोट होखे ओकरा के बुटी कहल जाला आ ऊपरी सपाट हिस्सा के बिस्तार ऊँचाई वाला बिस्तार से बेसी होखे तब ओकरा के मेसा कहल जाला।