बुटी

विकिपीडिया से

बुटी (अंग्रेजी: butte) एगो जमीनी कटाव से बने वाला थलरूप हवे जे एगो अकेल खड़ा पहाड़ी नियर होला जेकरे ऊपरी हिस्सा में खड़ा ढाल पावल जाला आ ऊपर के सतह लगभग सपाट होखे ले। ई एकरे ले बड़हन थलरूप मेसा नियर निर्माण प्रक्रिया वाला होला बाकी मेसा से साइज में छोट होखे ला। भूगोल में ई आम चलन के नियम हवे कि जेकरे खड़ा ढाल वाला बिस्तार से ऊपर के सतह वाला हिस्सा छोट होखे ओकरा के बुटी कहल जाला आ ऊपरी सपाट हिस्सा के बिस्तार ऊँचाई वाला बिस्तार से बेसी होखे तब ओकरा के मेसा कहल जाला।

गैलरी[संपादन करीं]