बिहु नाच

विकिपीडिया से

बिहू नाच भारत के आसाम राज्य के बिहू परब से लागत एगो लोक नृत्य बा। ई नाच असमिया संस्कृति के एगो महत्वपूर्ण अंग बा। सामूहिक रूपवा से प्रस्तुति देवनिहार बिहू मृगनाल सामान्य रूप पऽ मर्दाना-जनाना होले। एह नृत्य शैली के खासियत तेज कदम आ हाथ के गति बा। मृगनालियन के पारंपरिक बस्त्र रङीन आ लाल रङ के होला। ई सुख आ जीवंतता के बोध करावेला।

बिहु नाच
Genreलोक नृत्य
Originआसाम, भारत

महाबिहु परसङ[संपादन करीं]

आसामीया लोग आपन नावका बरिस मेष संक्रान्ति के दिनवा मनावेला। ई दिनवा के आसाम में बॉहाग बिहु चाहे रॉङाली बिहु (असमिया: ব’হাগ বিহু বা ৰঙালী বিহু) काहाला‌। 14 अप्रिल 2023 बॉहाग बिहु के दिनवा एके जगहिया पर 11000 बिहू मृगनालिन आ ढोल बजैया के समूह बटोराके सभसे बड़का बिहू नृत्य प्रदर्शन देके गिनीस वर्ल्ड रिकॉर्ड बनवले। ई ऐतिहासिक आयोजन गुवाहाटी के इंदिरा गांधी एथलेटिक स्टेडियम में भईल रहे।

संदर्भ[संपादन करीं]