बिहार बोर्ड
छोट नाँव | बीएसईबी, पटना |
---|---|
बनल | 1952 |
प्रकार | राज्य शिक्षा बिभाग के अधीन ऑटोनामस बॉडी |
कानूनी स्टेटस | चालू |
मुख्यालय | पटना, बिहार, भारत |
लोकेशन |
|
ऑफिशियल भाषा | हिंदी आ अंग्रेजी |
मालिक | बिहार सरकार |
स्टाफ | 700 |
वेबसाइट | biharboardonline |
बिहार विद्यालय परीक्षा समीति (अंग्रेजी: Bihar School Examination Board या BSEB) जेकरा के आमतौर प बिहार बोर्ड के नाँव से जानल जाला, भारतीय राज्य बिहार के एगो बिधिक निकाय (सैट्यूटरी बॉडी) हवे जे बिहार सरकार के अधीन काम करे ला आ राज्य में माध्यमिक आ उत्तर-माध्यमिक स्तर पर इम्तिहान करावे ला। एह मुख इम्तिहानन के आलावे, ई बोर्ड अउरी कई किसिम के परीक्षा भी करावे ला जइसे कि शारीरिक शिक्षा में डिप्लोमा, शारीरिक शिक्षा में सर्टिफिकेट कोर्स, आ बिहार राज्य खाती टीचर एलिजिबिलिटी टेस्ट (बिहार टेट या बिहार टीईटी) नियर परीक्षा करावे के जिम्मेदारी भी एही संस्था के हवे।
बिहार बोर्ड के अस्थापना बिहार विद्यालय परीक्षा बोर्ड एक्ट - 1952 के खंड 3 के तहत भइल हवे। माध्यमिक (सेकेंडरी या हाईस्कूल) आ उत्तर-माध्यमिक (हायर-सेकेंडरी या इंटरमीडिएट) बिद्यालय सभ के परीक्षा, जे एह बोर्ड के मुख्य काम हवे, ई बोर्ड साल में दू बेर करावे ला - मुख्य परीक्षा फरवरी-मार्च में आ सप्लीमेंटरी परीक्षा अगस्त-सितंबर में।
बाहरी कड़ी
[संपादन करीं]- ऑफिशियल वेबसाइट Archived 2020-08-25 at the Wayback Machine
ई बिहार से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |