बिहार बोर्ड

विकिपीडिया से
Jump to navigation Jump to search
बिहार विद्यालय परीक्षा समीति
छोट नाँव बीएसईबी, पटना
बनल 1952
प्रकार राज्य शिक्षा बिभाग के अधीन ऑटोनामस बॉडी
कानूनी स्टेटस चालू
मुख्यालय पटना, बिहार, भारत
लोकेशन
  • सिन्हा लाइब्रेरी रोड, पटना - 800017, बिहार
ऑफिशियल भाषा
हिंदी आ अंगरेजी
मालिक बिहार सरकार
स्टाफ
700
वेबसाइट biharboard.ac.in

बिहार विद्यालय परीक्षा समीति (अंगरेजी: Bihar School Examination Board या BSEB) जेकरा के आमतौर प बिहार बोर्ड के नाँव से जानल जाला, भारतीय राज्य बिहार के एगो बिधिक निकाय (सैट्यूटरी बॉडी) हवे जे बिहार सरकार के अधीन काम करे ला आ राज्य में माध्यमिकउत्तर-माध्यमिक स्तर पर इम्तिहान करावे ला। एह मुख इम्तिहानन के आलावे, ई बोर्ड अउरी कई किसिम के परीक्षा भी करावे ला जइसे कि शारीरिक शिक्षा में डिप्लोमा, शारीरिक शिक्षा में सर्टिफिकेट कोर्स, आ बिहार राज्य खाती टीचर एलिजिबिलिटी टेस्ट (बिहार टेट या बिहार टीईटी) नियर परीक्षा करावे के जिम्मेदारी भी एही संस्था के हवे।

बिहार बोर्ड के अस्थापना बिहार विद्यालय परीक्षा बोर्ड एक्ट - 1952 के खंड 3 के तहत भइल हवे। माध्यमिक (सेकेंडरी या हाईस्कूल) आ उत्तर-माध्यमिक (हायर-सेकेंडरी या इंटरमीडिएट) बिद्यालय सभ के परीक्षा, जे एह बोर्ड के मुख्य काम हवे, ई बोर्ड साल में दू बेर करावे ला - मुख्य परीक्षा फरवरी-मार्च में आ सप्लीमेंटरी परीक्षा अगस्त-सितंबर में।

बाहरी कड़ी[संपादन]