बिंबिसार

विकिपीडिया से
(बिम्बिसार से अनुप्रेषित)
बिंबिसार
बिंबिसार द्वारा बुद्ध के आगवानी
हर्यक बंस के संस्थापक
Reignल॰ 544 – c. 492 BC (52 बरिस) भा c. 400 BC
Predecessorभट्टीय
Successorअजातशत्रु
Born558 BC
Died491 BC
Spouseकोसला देवी
चेलना
क्षेमा
Issueअजातशत्रु, अभय
Dynastyहर्यक
Fatherभट्टीय
Religionजैन धर्म, बौद्ध धर्म

बिंबिसार (ल॰ 558 – c. 491 BC[1][2] या फिर पाँचवीं सदी ईसापूर्व के अंतिम दौर में[3]) जिनके जैन इतिहास सभ में श्रेणिक के नाँव से भी जानल जाला[4][5], मगध के राजा रहलें (शा॰ 542 – 492 BC[6] या c. 400 BC[7]) आ ई हर्यक बंस के संस्थापक रहलें।[8] इनके पिता के नाँव भट्टीय रहल।[9] इनके द्वारा मगध राज के बिस्तार कइल गइल, खासतौर पर पूरुब में अंग प्रदेश तक ले अपना राज के बिस्तार कइले रहलें। इनके द्वारा कइल गइल एह बिस्तार के, बाद के समय में आवे वाला, मौर्य साम्राज्य, के स्थापना के आधार के रूप में देखल जाला।[10]

बिंबिसार के सांस्कृतिक उपलब्धि खाती भी जानल जाला। ई भगवान बुद्ध के समकालीन, उनके मित्र आ संरक्षक रहलें।[11] बौद्ध ग्रंथ सभ में बर्णित प्रसिद्ध राजगीर नाँव के शहर के स्थापना के श्रेय भी इनहीं के दिहल जाला। इनका बाद इनके बेटा अजातशत्रु गद्दी पर बइठलें।[10]

संदर्भ[संपादन करीं]

  1. Rawlinson, Hugh George. (1950) A Concise History of the Indian People, Oxford University Press. p. 46.
  2. Muller, F. Max. (2001) The Dhammapada And Sutta-nipata, Routledge (UK). p. xlvii. ISBN 0-7007-1548-7.
  3. India: A History. Revised and Updated, by John Keay: "The date [of Buddha's meeting with Bimbisara] (given the Buddhist 'short chronology') must have been around 400 BC."
  4. von Glasenapp 1999, p. 40-41.
  5. Jain & Upadhye 2000, p. 59.
  6. Indian History -APC - APC Publishers, India[पूरा उद्धरण जरूरी]
  7. Keay, India: A History
  8. Stearns, Peter N. (2001) The Encyclopedia of World History, Houghton Mifflin. pp. 76-78. ISBN 0-395-65237-5.
  9. Raychaudhuri 1923, p. 97.
  10. 10.0 10.1 "Bimbisara". Encyclopædia Britannica Online. Retrieved 25 January 2013.
  11. दिलीप कुमार लाल 2006, p. 94.

स्रोत ग्रंथ[संपादन करीं]